ई अतते कबले, जब ले चले तबले. पिछलका पख में संसद से लिहले सड़क ले कुछ अइसने नजारा देखे के मिलल जवना से मन में ई सवाल उठ गइल कि ई अतते कब ले? आ संगही जबाबो मिल गइल कि जब ले चले तबले. कवनो अति तबहिए ले चल पावेला जब ले ओकरा के भुगते वाला बरदाश्त करत रहे. जहिया उठ खड़ा होखी तहिया अति करे वाला के बोलती बंद हो जाई. एगो अति देखे के मिलल जवना के एगो कहाउत मे कहल जा सकेला कि अनका धन प कनवा राजा. भा अनकर धन पाईं त नौ मन लुटाईं. जेब में फूटल कौड़ी नइखे बाचल बाकिर बेवहार बनावे के कोशिश होखत बा धन्ना सेठ के कि हम हतना लोग के हतना बाँट देब. ए रानी कहवाँ से? से हमरा से मत पूछऽ हमरा बाँटे के बा त बाँटब. कहवाँ से आई एकर इन्तजाम तू लोग क के द.
एगो दोसर अति देखे के मिलल सड़क पर. दिल्ली के एगो प्रवचक के खिलाफ वारंट बरीसन से तामिल नइखे हो पावत. बहुते लोग के त इयादो ना रहल होखी कि केहू का खिलाफ कवनो वारंटो बाचल बा तामिल होखे से. कवनो भंड़ुआ मीडिया चैनल वाला ओकर सवाल ना तब उठवले ना अब उठइहें. कहल जाला कि कानून का सोझा सभे बरोबर होला बाकिर बेवहार में ई बात देखे के ना मिले. एक फरीक का खिलाफ जारी वारंट ना तामिल हो पावल ना हो पाई. सरकार चाहे जेकर होखे ओकरा ओर केहू आँख उठा के ना देख पाई. काहे कि ओकरा में अतना बेंवत बा कि देखेवाला के आँख निकाल देई. ओहिजे दोसरा फरीक के एक आदमी के इज्जत बीच सड़क पर उतार देबे में तनिको हिचक ना होखल. बस आरोप लागल आ भँड़ुआ मीडिया ओकरा के दोषी कह के सजा सुनावे लागल.
खैर, कहल जाला कि कहाउत आ मुहावरा में अतने फरक होला कि कहाउत अपने में पूरा होला बाकिर मुहावरा पूरा करे खातिर ओकरा के कवनो वाक्य में समेटे के पड़ेला. अइसने दू गो मुहावरा हऽ इज्जति उतारल आ मामर हेठ कइल. इज्जति आ मामर में तनिके सा फरक होला. मामर माने होला अपना पर अभिमान कइल भा घमंड कइल. अब अभिमान आ घमंड त अलग अलग होला. करे वाला के अभिमान लागेला बाकिर सोझा वाला ओकरा के घमंड कहि सकेला. वइसहीं इज्जत ह. इज्जत अतना कमजोर, अतना फाँफर होले कि तनिको सा खरोंच लगते फाट जाले. मामर वाला के मामर हेठ कइला का बादो ऊ फेर आपन मामर जीया सकेला बाकिर इज्जत उतरला का बाद दुबारा ना चढ़ि पावे.
बस एही भरोसे मामर वाला लोग दोसरा के इज्जति उतारे में लागल बा. आ हमहन के अतने पर संतोष करे के बा कि ई अतते कबले? ढेर दिन ले चले ना दिहल जाई तबले कर लऽ. बाकिर इहो इयाद राखीं कि आपन धियवा नीमन रहीत त बिरान पारीत गारी? कमजोरी हमहन में ना रहीत त दोसरा के अतना बेंवत कहाँ जे हमहन के गरिया लीत. अगिला बेर एह बात के ईयाद राखब. कहीं मौका चूक मत जाव.