नुक्ता का हेर फेर से खुदा जुदा हो सकेलें (बतकुच्चन – ‍१२०)

by | Aug 1, 2013 | 0 comments


उर्दू के जानकार जानेलें कि कइसे नुक्ता का हेर फेर से खुदा जुदा हो सकेलें. उर्दू के एगो खासियत ह कि बहुते मात्रा लिखल ना जाव बूझ लिहल जाला. जे जानकार होला से त बड़ा आराम से पढ़ ली बाकिर नवसिखिया आदमी भुलाए गड़बड़ाए लगीहें. एक जमाना में जब लोग के आदत रहुवे किताब पत्रिका पढ़े के तब के बात ह. समाचार पत्रिका दिनमान में शमशेर बाहादुर सिहं उर्दू सिखावत रहलें आ उनका लिखला का चलते हमहू थोड़ बहुत अलिफ बे ते सीखे लागल रहनी. भाषा कवनो मजहब के ना होखे समाज के होला. अब रउरा सभे सोचत होखब कि आजु ई हम कवन पचरा ले बइठनी. से लवटत बानी बतकुच्चन का तरफ. आजु के बतकुच्चन ला भूमिका बनावे खातिर नुक्ता वाला चरचा जरूरी रहुवे. भाषा के खासियत होला कि गिनले चुनल वर्ण से पता ना कतना शब्द बना लेले. अंगरेजी में छब्बीसे गो वर्ण बा बाकिर शब्द गिने चलब त हजारों मे मिल जाई आ मतलब लाखो में.

दोसरा भाषा जइसने भोजपुरीओ में ई खासियत बा. तनी मनी विराम अर्धविराम का फेर में अर्थ के अनर्थ होखत देर ना लागे. बाकिर कुछ शब्दन के प्रयोग में हमनी का अकसर लापरवाही बरत दीहिले जा. जइसे कि बाकि आ बाकी में. एह बात के हम पहिलहू रेघरिया चुकल बानी बाकिर आजु फेर दोहरावे के मन कर गइल काहे कि बड़का बड़का साहित्यकारो लोग का लेखनी में ई लापरवाही देखे के मिल जा ता. वइसही भोजपुरी के एगो खासियत के आए दिन दुरुपयोग होत रहेला जइसे कि अवग्रह चिह्न के. एहिजो ध्यान दिहला के जरूरत होखी. चिह्न आ चिन्ह. चिह्न चिन्हे में मदद करे ला अपना चिन्हासी से. कहल गइल बा कि ना चिन्ह त नया कीन. मतलब कि अगर रउरा कवनो चीझ क बारे में पूरा जानकारी ना राखीं त बढ़िया रही कि नया खरीद लीं. पुरान सेकन्डहैन्ड जानकारन ला होला. अब चिन्हे आ चिह्न के बात हो चुकल त चलीं लवटल जाव अवग्रह चिह्न पर.

अवग्रह चिह्न अंगरेजी के ऽ जइसन होला आ एकरा के लगावे के मतलब होला कि पहिले वाला वर्ण पर तनी जोर दिहला के जरूरत बा. एकर महत्व जाने के होखे त रहता आ रहऽता के फेर देख लीं. बाद वाला रहऽता के मतलब भइल कि रह ता जबकि पहिले वाला रहता रास्ता ला इस्तेमाल होखी. एहसे अगर सही जगह अवग्रह चिह्न ना लगावल गइल त मतलब समुझे में दिक्कत आ सकेला. बाकिर एह अवग्रह चिह्न के कई बेर अतना बेसी इस्तेमाल होखे लागेला कि उहो ओतने बाउर लागे लागेला जतना राजनीति में सेकूलरिज्म के इस्तेमाल. दाल में नीमक डालल जरूरी होला. बे नीमक के दाल बेसवाद लागी बाकिर एकर मतलब ई ना कि भर दाल नीमके डाल दिहल जाव. सेकूलरिज्म के बेजा इस्तेमाल सेकूलर के अवधारणा के कमजोर कर दी. वइसंहीं अवग्रह चिह्नो के इस्तेमाल. हम कवनो तरह व्याकरण के जानकार ना हईं बाकिर शब्दन के सही इस्तेमाल के एगो कामन सेंस का हिसाब से बतियाइले. सोचीलें कि विद्वान लोग रिएक्ट करो त कुछ आपनो जानकारी बढ़ो. अब अवग्रह चिह्न के इस्तेमाल का बारे में सोचे लगनी कि अगर एकरा जगह ओह शब्दन के अलग अलग लिखल जाव तबो काम चल सकेला. बाकिर एहिजा फेर सावधान रहे के पड़ी. काहे कि कहे ला आ कहेला के मतलब बदल जाला. कहेला मतलब कह ता जबकि कहे ला के मतलब होला कहने के लिए. आ अब चलता आ चल ता के उदाहरण देत कहल चाहब कि हम चलता ना हईं बाकिर अब चलऽतानी. आ एह आखिर वाला चलऽ में अवग्रह चिह्न लगवला बिना ऊ भाव ना आ पाई जवन आवे के चाहीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up