भईया बूझलन पियाज भउजाई बूझली अदरख (बतकुच्चन ११९)

by | Jul 24, 2013 | 0 comments


भईया बूझलन पियाज भउजाई बूझली अदरख. ना, ना. ई बतवला के कवनो जरूरत नइखे कि ई कहाउत सही ना ह. असल कहाउत दोसर ह, मियाँ बूझलें पियाज, मिंयाइन बूझली अदरख. हमहूं जानत बानी कि असल कहाउत का ह बाकिर पिछला दस दिन से जवन बकतूत आ गलथेथरई सुनत सुनत कान पाक गइल बा ओकरा बाद हिम्मत नइखे कि असली कहाउत कह दीं. पता ना कब एकरा के ले के कवनो बवाल खड़ा हो जाव. उ जमाना दोसर रहे, तब के नेता लोगो दोसर रहे जे मजाक बूझत रहुवे, कार्टून पर कड़कड़ात ना रहुवे. अब त बेबात के बात पर बकतूत करत गलथेथरई करे लागत बा लोग. बतकुच्चन आ बकतूत में सबले बड़का फरक इहे होला कि बतकुच्चन बाते के कूचेला, बेबात के ना. जबकि बकतूत कहल जाला कुतरक के आ गलथेथरई ओहू ले बढ़के होला काहे कि ओकरा में कवनो तर्क ना होखे बस गाल बजा के जीते के कामना होला. गलथेथरई करे वालन के कवनो तर्क, कवनो तरीका से कवनो संबंध ना होखे. आजु के पोसुआ मीडिया खास कर के एह तरह के गलथेथरई में लाजवाब बन गइल बा.

खैर छोड़ीं एह सब के. चलीं लवटल जाव ओह कहाउत पर जवना के आजु का राजनीतिक हालात में हम बदल के, पोलिटिकली करेक्ट बन के, कहले बानी कि भईया बूझलन पियाज भउजाई बूझली अदरख. कहाउत सामाजिक हालात दरसावेला आ समाज अपना बरियारन पर तंज न कसे, मजाक ना करे. बाबू साहब लोग पर कहाउत बनी त कहल जाई कि एक त बाबू साहेब, दोसरे जवान, तिसर प होखे तीन सौ मन धान त मुकदमा ना लड़ीहें त करीहें का. बाकिर अगर समाज के कमजोरकन पर कहाउत बनी त ओहिजा कवनो हिचकिचाहट ना होखी ओकरा के नीचा देखावे में. एही से समय का साथे कहाउतो के भाषा, शब्द चयन बदलत रहे के चाहीं. अइसनके एगो कहाउत ह कि मँसखोर का सरपला से डाँगर ने ना मूए. एहू कहाउत में हम असली जाति सूचक शब्द का जगहा मँसखोर के इस्तेमाल कइले बानी. एह बदलाव से कहाउत के मतलबो ना बदलल आ पोलिटिकली करेक्टो रहि गइनी. आजु का जमाना में सबले कमजोर देश के बहुसंख्यक जमात बा जे अपने सिरफुट्टुवल में आपने नुकसान करे में लागल बा. एह चलते अधिकतर राजनीतिक गोल ओकर अनदेखी करे में, ओकरा भावना के ठेस चहुँपावे में लागल बाड़ें. ना त रामसेतु भा राममंदिर पर राजनीति करे के बेंवत केकरो ना होखीत. संतोस बस अतने बा कि हालात कुछ कुछ बदले लागल बा. ना त भर जिनिगी हिन्दू विरोधी राजनीति करे वाला आदमी अपना के कर्मकांडी हिंदू साबित करे खातिर अतना बेचैन ना होखीत. कारसेवकन पर गोली चलवावे खातिर वाहवाही लूटे वाला नेता जी ई ना कहतन कि उनुका कारसेवकन पर गोली चलववला के अफसोस बा.

आ अब जब एतना राजनीति बतियाइए लिहनी त काहे ना फर्ज आ फर्जीओ पर कुछ कह सुन लिहल जाव. फर्ज कब फर्जी बना दिहल जाई आ फर्जी बनवला के कब लोग आपन फर्ज बना ली ई केहू तय से ना बता पाई. सोचे वाला बात बा कि आखिर कइसे फर्ज आ फर्जी अतना अगल बगल आ गइल कि एक दुसरा में पलटे लागल. कवनो फर्द बयान पर आपन फर्ज निभावे वाला के फर्जी मुठभेड़ के दोषी बना दिहल जाव केहू ना बता सके. रउरा त बस अतने जान लीं कि फर्द कागज के टुकड़ा भर होला. कागज के पन्ना पर लिखल फर्दबयान के कतना तरजीह दिहल जाव?

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up