ShashiPremdev

– शशि प्रेमदेव

ना सनेहि के छाँव, न ममता के आँचर बा गाँव में!
का जाई उहवाँ केहू अब, का बाँचल बा गाँव में?

छितिर बितिर पुरुखन के थाती, बाग-बगइचा, खपड़इला!
खरिहानी में जगहे-जगहा जीव जनावर के मइला!
ना कजरी के गूँज, ना फगुआ के हलचल बा गाँव में!

आँगन अँगना कूस बोआइल, नागफनी दुअरा-दुअरा!
सून भइल कुइयाँ, उदास पनघट – जइसे लड़िका टुअरा!
बरछी जस धरती में गाड़ल, चाँपाकल बा गाँव में!

नेह-छोह के नाता टूटल, पितिया पट्टीदार भइल!
बेशर्मी के रहन देखि के, मरजादा लाचार भइल!
गोड़ धरब हम कहवाँ, जब सगरो दलदल बा गाँव में!

के हमरा के धरी धधा के, झर-झर लोर बहाई के?
बाँहि पसरले ‘बबुआ’. ‘बचवा’ कहि के धवरल आई के?
हमरा खातिर आँखि बिछवले, के बइठल बा गाँव में?

Loading

By Editor

3 thoughts on “का बाँचल बा गाँव में”

Comments are closed.

%d bloggers like this: