– डॉ. कमल किशोर सिंह
(1)
पाला
साल बीतते फेरु से
पडे़ लागल जाड़ा.
लागेला हमरा के
मारी देलस पाला.
मन घास पात अस
मऊरा कठुआ जाला
रूई आ धुईं से
ना मन गरमाला.
देखते ही बहरी
देह बऱफ बन जाला.
कहाँ जाई , का करीं,
कुछो ना बुझाला .
बाकी फूटते किरिनिया ,
मन बरफ पिघल जाला .
बहे लागेला बहरी
देखे गड़हा ना नाला ,
गह गह लागेला चमके
जइसे घासफूस लहलहाला.
बाकी फूटते किरिनिया ,
मन बरफ पिघल जाला.
(2)
नयका साल
एक साल अउर सरक गइल ,
कुछ छाप आपन छोड़ि के.
भण्डार भरि के कुछ लोगन के ,
बहुतन के कमर तोड़ि के.
प्रकोप परलय के दिखा
दुनिया के कुछ झकझोरी के.
आईं बिदाई करीं एकर,
दसो नोहवा जोड़ी के.
आ स्वागत करीं नव वर्ष के ,
सहर्ष बहियाँ खोली के .
दुःख दर्द दुनिया के घटे
परस्पर प्रेम के परसार हो.
नयकी किरण नव वर्ष लावे ,
कहवों ना छिपल आन्हार हो .
धर्म जाति सब भेद भाव के
जन गन मन से बहिस्कार हो .
कोंपल नया सभ स्वस्थ निकले ,
पुष्पित फलित सब डार हो .
नव नीड़ के निर्माण हो ,
उजड़लो के उद्धार हो.
आ स्वागत करीं नव वर्ष के ,
सहर्ष बहियाँ खोली के .
दुःख दर्द दुनिया के घटे
परस्पर प्रेम के परसार हो.
डॉ. कमल किशोर सिंह
शिशुरोग विशेषज्ञ,
न्यूयॉर्क, अमेरिका
[learn_more caption=”Click here to learn more”]
403 total views, 1 views today