– संतोष कुमार
अक्कितम अच्युतन नम्बूदिरी के मलयालम रचना (पुल्ककोदि) “फतिंगा” के अंगरेजी अनुवाद के भोजपुरी उल्था :
आगि में कूदि के मरे खातिर
भा आगिये खाए के लालसा में
आगि भीरी जुटान कइ के
दउडल जा रहल बाड़ें छोटहन छोटहन फतिंगा .
आगि में कूद के मरि जाए खातिर त
दुनिया में बुराई होखेला नू ?
आखिर पैदा होते कइसे
भर गइल निरासा.
खाए खातिर त इ जरत आगि
जदी तू इहे सोच रहल बाड़
त फेर निखिलेश्वर के छोड़ के
तोहरा कुछुओ कहे के नइखे .
विवेक पइदा होखे तक अब हर केहू
बिना पंख वाला बनल रहे.
भाव के रस
FATINGA T PAIDA HI HOLE JARE KHAATIR.
AAM MANAEE JAS.