Prabhakar Pandey

– प्रभाकर पाण्डेय ‘गोपालपुरिया’

नून-तेल-भात कबो, कबो दलिपिठवा,
कबो-कबो खाईं हम भुँजा अउरी मिठवा,
कबो लिट्टी-चोखा त कबो रोटी-चटनी,
कई-कई राति हम बिना खइले कटनी.

कबो मिलि जाव एक मुठी सतुआ,
कबो-कबो खिचड़ी खिया दे नथुआ,
केतने संघतिया त खइले बिना मरलें,
उनकर घरवाला त सुधियो ना पवलें.

जीवन का होला ई कबो ना बुझाइल,
पचीसे बरिसवा में बुढ़ापा घिर आइल,
भइल बा बिआह, इहो मन ना परे,
तब्बो मनवा ई चाहे पहुँचि जाईं घरे.

मनवा मसोसि के हम रहि गइनी,
अपना बबुआ के मुहँवा देखिओ ना पवनी,
उहे हमार बाबू, आजु एइसन हो गइने,
हमरिए नाव पर लूट-पाट कइने.

मुअले की बादों हम उनके एतना दे गइनीं,
तबो उनकी मुँहे से मजदूरे हम कहइनी.
लोग कहे, कहे द पर तूँ मति कहS,
ए हमार बाबू तूँ, तूँ भोजपुरिए रहS.


प्रभाकर गोपलापुरिया के पहिले प्रकाशित रचना


प्रभाकर पाण्डेय

हिंदी अधिकारी, सी-डैक पुणे

पुणे विश्वविद्यालय परिसर, गणेशखिंड,

पुणे- 411007, भारत

Loading

One thought on “एगो मजदूर के दरद”
  1. बहुत सही लिखले बानी लेकिन बीच के लाइनन में थोड़ा प्रवाहत्मकता में कमी महसूस हो रहलऽ बा… अस्तु, भीतरी गड्डम-गड्ड से निकलल राऊर ई पंक्ति विचारणीय बा…
    “लोग कहे, कहे द पर तूँ मति कहS,
    ए हमार बाबू तूँ, तूँ भोजपुरिए रहS.”

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up