डॉ. कमल किशोर सिंह के दू गो कविता

by | Mar 16, 2017 | 1 comment

लिटी-चोखा

– डॉ. कमल किशोर सिंह

आहार अनोखा लिटी चोखा
का महिमा हम बखान करीं.
ई ‘बर्बाकिउ बिचित्र बिहारी’
बेहतर लागे घर से बहरी,
दुअरा-दालान, मेला-बाज़ार,
कहंवो  कोना  में  छहरी.

नहीं  चुहानी  चौका-बर्तन
बस चाही गोइठा-लकड़ी.
मरदो का मालूम मकुनी में
मर-मसाला कवन परी.
आलू, प्याज, टमाटर, बैगन
बनेला चोखा चटक तरोपरी.

संतुलित सरल ब्यंजन बिशेष,
ई ह सम्पुष्ट स्वस्थ के गठरी
रजस तमस भा शुद्ध सात्विक,
सहज सुलभ  बा  जगहा सगरी.

स्वाद  सादगी  में  लपटाइल
कि देखि के देवतो लागे हहरी,
हरि हो गोइलन स्वयम  निछावर
एही से  नाम परल ‘फुटेहरि’

परेशान कुछ बूढ़ पुरनिया 
ई करे बड़ी दाँत से बजरी.
घीव पीयावस कतनो बाकि,
कबो लिटी ना बने फुलवरी.

(2)

फगुआ

बहल बसन्ती  बयरिया,
तनी मन बहका ल.
ललका, पियारका, हरियरका,
सब रंग लगा  ल.

सब कुछ सुहावन लागे,
दिन  मनभावन  लागे,
इन्द्रधनुष  आपन  मनवा,
तू  आज बना ल.

अन धन घर भरल,
वन उपवन सज्जल ,
सजी धजी जग के रिझाव
तन  मन महका ल .

सब मिली गाव हंस,
प्रेम बरसाव रस.
भरि अंकवारी मिल सबसे ,
भेद भाव भुला द.


डॉ कमल किशोर सिंह, न्यू यॉर्क
कविता, भोजपुरी

Loading

1 Comment

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up