दू गो गजल ऋतुराज के

by | May 18, 2015 | 0 comments

Rituraj-Nepal

– ऋतुराज

(1)

चाननी जइसन रूपवा के तोड़ नइखे
भोर, भोर हो गइल ऊ अॅंजोर नइखे.

चुप कराईं त आउर ज़ोर से बाजे
तोहरा पायल सन केहू मुँहजोड़ नइखे.

तोहरा पाछे बहुत बा हमें ठोक लऽ
हमरा हीया के पिरितिया के जोड़ नइखे.

होई हमर किसानी तोहरा चढ़ी सोना-चानी
हमरा मन के हुलास कमज़ोर नइखे.

कतनो करबू विचार नाहीं मिली अइसन प्यार
हमरा प्रीत के पगहिया के छोर नइखे.

(2)

लाज-शरम ऑंख में जेकरा शील ना रहे
ओह आदमी खातिर काम कवनो मुश्किल ना रहे.

फूल के नोच के हॅंसेवाला मालिअन के
पाकिट में रोपेया बाकिर दिल में दिल ना रहे.

सबदिन से नोचाइल बा सगरी बगिया का कहीं?
कबही ख़ूशबू से भरल कवनो महफिल ना रहे.

माई सबदिन से बेटवन के हॅंसी बाँटेली
माई रोवल जहॉं ओकरा ख़ुशी हासिल ना रहे.

तूड़े तलवार, छोड़े ख़ंजर, प्रीत के बात करे
प्रीत में डूबल आदमी कभो क़ातिल ना रहे.

शब्द छोट रहे मगर जिनगी बदल देवे
जे पाठ प्रेम के पढ़े, कभो जाहिल ना रहे.


वीरगंज, नेपाल के रहवईया ऋतुराज समाजशास्त्र में स्नातक कइला का बाद दिल्ली में रेडियो आ टेलीविज़न से जुड़लन आ लेखन में स्नातकोत्तर डिप्लोमा हासिल कइलन. दिल्लीए में तीन चार साल ले विज्ञापन जगत से जुड़लन आ ओकरा बाद मुंबई में 2 साल ले टेलीविज़न ला निर्माण आ पटकथा लिखे के काम कइलन. हाल फिलहाल अब अपना व्यवसाय में लागल बाड़न.
संपर्क :
ई-मेल : speaktorituraj@gmail.com
मोबाइल न॰ +977 98550 30551

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up