निर्गुण आ भजन – गोपाल दूबे

by | Jul 13, 2021 | 0 comments

निर्गुण –

देह दुनिया भरम ह बलवान करम गति,
भीतरी के सांच भीतरीये पहचान ले,
बुद्धि कुबुद्धि के फेरा में उलझि मत,
नर सेवा ही सांचो नरायन जप मान ले.

केतनो तू मंहगा घरवा सजइबऽ,
एकदिन छोड़ि सब एहि जा चलि जइबऽ.

मनवा के मांजि धोई रखऽ तू साफ,
एकरे त करनी बस जाई तोहरे साथ,
पैसा से करम गति कीन नाहीं पइबऽ,
एकदिन छोड़ि सब एहि जा चलि जइबऽ.

नाता भरम के निबाहि लेबऽ तू कब ले,
माटी के खेलौना खेलौना बा जब ले,
फेरो राम नाम सत इहे पढ़ावल जइबऽ,
एकदिन छोड़ि सब एहि जा चलि जइबऽ.

दया धरम के जो खजाना भरि लेइबऽ,
जरूरत में केहू के कामे आइ जइबऽ,
राखा भरोस सोझा नरायन के पइबऽ,
एकदिन छोड़ि सब एहि जा चलि जइबऽ.

एहि किरदार के सांच नाही जानऽ,
माया क दोख ह ई एहि के पहचानऽ,
मौका बा मिलल मुकुत होइ जइबऽ,
एकदिन छोड़ि सब एहि जा चलि जइबऽ.

भजन –

लेबऽ अपनाई कि तू, देबऽ ठुकराई,
भगवन उहे नु हवऽ ॥ टेक॥
पाथर अहिल्या तू, दीहलऽ जगाई
भगवन उहे नु हवऽ ॥ टेक॥

गंगा जी के तीरे तीरे, केवटन के गऊॅवा,
मिलल चरणोदक सहजे, धोई राउर पउॅवा,
केवटा के लिहलीं अपना, हिया से लगाई,
भगवन उहे नु हवऽ ॥ टेक॥
लेबऽ अपनाई कि तू, देबऽ ठुकराई,
भगवन उहे नु हवऽ ॥ टेक॥

बन बन फिरी कईलऽ, देवतन के काज हो,
दौरि के बचाई लीहलऽ, द्रौपदी के लाज हो,
बइर खईलऽ जवन दीहलि सबरी जुठियाई,
भगवन उहे नु हवऽ ॥ टेक॥
लेबऽ अपनाई कि तू, देबऽ ठुकराईऽ,
भगवन उहे नु हवऽ ॥ टेक॥

पाप पुण्य देखतऽ त, होखत कइसे काम हो,
बाली अ पूतना जइते, कइसे राउर धाम हो,
रोवे लगलऽ गिद्ध अपना गोदिया उठाई,
भगवन उहे नु हवऽ ॥ टेक॥
लेबऽ अपनाई कि तू देबऽ ठुकराईऽ,
भगवन उहे नु हवऽ ॥ टेक॥

ध्रुव प्रह्लाद, अजामील सुदामा,
केकर केकर केतना, बताई हम नामा,,
हमरो ओरिया ताकऽ, सनेहिया लगाई
भगवन उहे नु हवऽ ॥
भगवन उहे नु हवऽ ॥

सम्पर्क – महेंद्र नाथ दूबे,
मकान नम्बर A-104/4, सूर्य कुण्ड,
आवास विकास कालोनी, गोरखपुर – 273015

मोबाईल / व्हाट्सअप सम्पर्क – 9648455268

ई- मेल सम्पर्क – mndubey1984@gmail.com

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up