– जयशंकर प्रसाद द्विवेदी
धधके आन्दोलन के अगिया हो ,
बड़भागी भोजपुरिया .
पहिली दरदिया कुल्ही आइके उमड़ल
नीको नेवर बतिया मनही में घुमड़ल
जुड़े लगने कुल्ही सह्भागिया हो,
बड़भागी भोजपुरिया .
अठवीं अनुसूची बात सुनत सुनत
बीत गइल अरसा इहे गुनत गुनत
खुले शायद नेतन बुद्धिया हो ,
बड़भागी भोजपुरिया .
सहते सहत आज अइसन भइल
बोलल लागे , अस जस मइल
फूटे लागल गुंगवो के रगिया हो ,
बड़भागी भोजपुरिया
जय-जय भोजपुरिया।।।।।