भकुआइल बबुआ

by | Nov 3, 2015 | 0 comments

JaishankarDwivedi

– जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

माटी के थाती छोड़ी जब से पराइल बा,
नीमन बबुआ तभिए से भकुआइल बा ॥

जिनगी के अहार न विचार परसार
टुटल घर आ दुआर बहत दुखे के बेयार ।
सोगहग नहीं कुछो कुल्हिए पिसाइल बा ॥ नीमन बबुआ…..

हसी ठठा गइल भूल, शूल हियरा मझार
मिटल जाता समूल नाही लउकत उजियार
तन मन धन तीनों कब से छितिराइल बा ॥ नीमन बबुआ….

गाल बस बजावत एनी ओनी समुझावत
थपरी के साथ मे डफलियों न पावत
गीत आ संगीत बिनु गवइयो खिसियाइल बा ॥ नीमन बबुआ……

लिखी बोली आपन भाषा इहे सबही के आशा
मिली जुली सगरी जाने आवा एकरो के तराशा
रउवा नेह बिनु भोजपुरी पिछुआइल बा ॥ नीमन बबुआ….


संक्षिप्त परिचय :
जयशंकर प्रसाद द्विवेदी
इंजीनियरिंग स्नातक. कम्प्यूटर व्यापार मे सेवा खाति तत्पर रहला का साथही हिन्दी आ भोजपुरी लेखन मे संलग्न. भोजपुरी पंचायत पत्रिका, मैना (भोजपुरी साहित्य की उड़ान), वर्तमान अंकुर हिन्दी दैनिक, दी न्यू एज रिपोर्टर (हिन्दी साप्ताहिक), ड्रीम लाइन एक्सप्रेस (हिन्दी साप्ताहिक) जइसन पत्र पत्रिकन में लगातारे प्रकाशित होखेले. भोजपुरी पंचायत पत्रिका के वेव टीम में ‘मैनेजिग एडिटर’.

संपर्क सूत्र:
सी-39 ,सेक्टर – 3
चिरंजीव विहार , गाजियावाद (उ. प्र.)
फोन : 9999614657

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up