सईयां सूतल होइहें जा के बथानी पर

by | Nov 4, 2013 | 0 comments

– दुर्गा चरण पाण्डेय

सईंया सूतल होइहे जा के बथानी पर
मकई में मचानी पर ना….

कइले होइहे सानी-पानी, कोड़ले होइहे कोन-कान
सांझे चौराहा जा के, खइले होइहे मीठा पान.
दिनभर रहल होइहे चीनी अउरी पानी पर
मकई में मचानी पर ना …..

झिहिर झिहर सखी बहे पुरवइया,
रात अन्हरिया गोहरावत होइहें मईया,
ठिठुरल बइठल होइहे गंजी मर्दानी पर
मकई में मचानी पर ना….

2
हे हरि ! देदीं जहर पी के मर जाईं हम
पी के मनसा इ पूरा कर जाई हम
हे हरि….

काँचे उमिरिया में अइनि गवनवा सात जनमिया के साथ.
जननी ना सेनुर हो जाई सांपिन गारी पिरितिया के बात.
माहुर मेहदी से कइसे सवर जाई हम….
हे हरि…

कुहुके करेजवा आ रोवे कोइनिया झलका भरल कोमल गात.
काटे धावे अंगना दुआर खरिहनिया, जिनिगी भइल कारी रात.
जी करेला की उफर परी जाईं हम…
हे हरि….


परिचय :
गोपालगंज जिला के पंचदेवरी प्रखंड के एगो छोटहन गाँव कुइसा भठवाँ में जनमल. हिंदी से एम.ए., बी.एड. आ पी. एच.डी. के योग्यताधारी ई पंचदेवरीए में शिक्षा के अलख जगावे खातीर एगो ‘टॉपर्स एकेडमी’ नाम के स्कूल के निदेशक हउएँ. साथह कई गो अखबारन से प्रत्रकारिता के माध्यम से जुड़ल बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up