समाचार? सब ठीक बा!

by | Aug 25, 2015 | 0 comments

– डॉ० हरीन्द्र ‘हिमकर’

HarindraHimkar

सीमा के पाती, बॉंची जा
एह चिठ्ठी में चीख बा।
दिल्लीवालन भूल ना जाईं
समाचार सब ठीक बा।।

धान-पान सब सूख गइल बा
खेत-मजूरा चूक गइल बा।
पेट-पेट में कोन्हू नाचत
हियरा-हियरा हूक गइल बा।

घर में कहॉं बचल अब दाना?
एक आसरा भीख बा
समाचार सब ठीक बा।

सरकारी पाखंड ठीक बा
अंचल के भूखंड ठीक बा।
लोटा-थारी बन्हकी बाटे
मुखिया आ सरपंच ठीक बा।।

चूसे में चउकस बा थाना
आपन मंशा नीक बा
समाचार सब ठीक बा।

बेकारी अब तूर रहल बा
रोग-बेयादी घूर रहल बा।
हरिआली त हवा हो गइल
दवा रोग से दूर भइल बा।।,

चाल शराबी बा शासन के
मनमानी के लीक बा
समाचार सब ठीक बा।।

ऊॅंख कटल आ मिलल ना पईसा
मिलल बहुत कर्जा में भईंसा।
बॉंटे खाए के जुग बाटे
मजदूरन घर रहत सतईसा।।

कृपा क के नोट छपाईं
आफत बा आ दीक बा
समाचार सब ठीक बा।

जात-पॉंत के बोल-बाल बा
मन में काई ओंठ लाल बा
भाई-बंदी चूर-चूर बा
दलवालन के ई कमाल बा।।

लूट-पाट होता रोजाना
पुलिस मगर निर्भीक बा
समाचार सब ठीक बा।

आर-पार आवत जाताटे
समरथ तऽ खूबे खाताटे।
मत पूछी कइसे का होता
जोंक लगल बा पाटे-पाटे

पेरनी तऽ पटना दिल्ली में
आनहर जनता ईंख बा
समाचार सब ठीक बा।

चलते बा त राज चलाईं
खूब तिरंगा के फहराईं।
कुरसी, कार, करमवाला मिल
खाईं पीं आ मौज उड़ाईं।।

हमर पत्तल खाली-खाली
उनका बोतल सींक बा
समाचार सब ठीक बा।


डॉ हरीन्द्र ‘हिमकर‘
प्रॉफेसर्स कॉलोनी
रक्सौल

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up