मराठी आ भोजपुरी के नाता रिश्ता
मराठी आ भोजपुरी के नाता रिश्ता आजु के ना हऽ जे तूड़ले टूट जाई.. इ रिश्ता बहिन के हऽ गोतनी के ना! नीचे कुछ आसान आ छोटमोट मराठी बात आ ओकर भोजपुरी उल्था दिहल जा रहल बा. पढ़ के देखीं कि कतना आसान बा मराठी सीखल भा भोजपुरी सिखावल! साथ रहना है तो खुद पीने की आदत डालो. वरना मयखाने का दर हम से छुड़ा दो यारो. अगर कुछ गलती रह गइल होखे त केहू मुम्बईया भाई अगर कुछ सहायता कर सको त बहुते खुशी होखी.
पहिले मराठी लिखल बा = बाद में भोजपुरी लिखल बा.
नमस्कार = नमस्कार
कसं काय आहे? = कइसन बानीं? कइसन बाड़?
ठीक आहे = ठीक बानी.
आपले नाव काय आहे = राउर नाव का हऽ?
आपणे कुठे राहता? = अपने कहाँ रहीलें?सांताक्रुझला = सांताक्रुज में
आपण काय करता? = अपने का करीलें?
तुम्हीं काय करता? = तू का करेलऽ.
आणि तुम्ही? = आउर तू?
मी शेती करतो = हम खेती करे नी.
मी शेतकरी आहे = हम खेतिहर किसान हईं.
तुमची स्वतःची जमीन आहे काय? = तोहार खुद के जमीन बा का?
होय = हँ
कोणत्या = कवना
कुठून = कहवाँ से
छपराची = छपरा से
आपण काय सहज आलात = अपने का अइसहीं आइल बानीं?
नाही = नाहीं
कामाकरता = काम का चलते.
आपण प्रथमच मुंबइला येत आहात काय? = अपने पहिलका हालि मुंबई आइल बानी का?
काय धेणार? चहा, कॉफी, की काही थंड? = का लेहब? चाय, काफी कि कुछ ठंढा?
