– आलोक पुराणिक


राहुल गांधी राष्ट्रपति

बेर-बेर विदेश गइल, सक्रिय राजनीति में शामिल ना होखल, इनल गिनल लोगन से मिलल, अइसन सुपर वीआईपी इमेज देख इहे बात दिमाग में बेर बेर आवत बा कि ना कि राहुल गांधी से अधिका एह बातन प के खरा उतरत बा.

शिवसेना के विपक्षी सपोर्ट

बीजेपी अगर अपना सहयोगी पार्टी शिवसेना से राष्ट्रपति पद खातिर बिना चूं-चकर के सहयोग लेबे में सफल हो जात बिया त एकरा के सत्ता-विपक्ष सहयोग के सबले बड़हन मिसाल का रुप में याद कइल जाई.

मतलब कनफ्यूजनात्मक समझ

राष्ट्रपति चुनाव में मायावती बीजेपी का साथे बाड़ी, वइसे मायावती कांग्रेस-समाजवादी पार्टी का साथे बाड़ी. कांग्रेस लेफ्ट का साथे बा, लेफ्ट बीजेपी का विरोध में बा, बाकिर अइसे मायावती का साथे बा, आ मायावती बीजेपी का साथे बाड़ी.

का कहनी – विकट कनफ्यूजिंग. जी बिलकुल ठीक. अब रउरा इंडियन पॉलिटिक्स समझ गइनी.

कनफ्यूजने कनफ्यूजन बा, मिल त लीं एक बेर

नीतीश कुमार कांग्रेस का साथे बाड़न बाकिर राष्ट्रपति चुनाव का मसली पर बीजेपीओ का साथे लागत बाड़न. वइसे नीतीश के सहयोगी लालू हउवन, जे बीजेपी का साथे इचिको नइखन. उड़ीसा के नवीन पटनायको बीजेपी का साथे नइखन, बाकिर राष्ट्रपति पद खातिर चुनाव ला भाजपा का साथे बाड़न.

ई का होखत बा जी फुलटू कनफ्यूजन, फुलटू कनफ्यूज्ड जब फील करीं, त बूझ लीं कि भारतीय राजनीति बुझा गइल बा रउरा.

काहे कटल

लालकृष्ण आडवाणी खातिर बँवारा गिरोह आ शत्रुघ्न सिन्हा अतना चिंतित रहलन कि लागत बा आडवाणीजी लेफ्ट आ शत्रुघ्ने सिन्हा के उम्मीदवार होखीहें.

खोजे जोग अब ई बा कि आडवाणीजी के नाम राष्ट्रपति प्रत्याशी का सूची से कटल केकरी चलते – लेफ्ट के कि शत्रुघ्न सिन्हा के.

साथ-साथ बाड़ें, के के

राष्ट्रपति चुनाव में सोनियाजी-येचुरीजी आदि के तंबू से एगो नारा उठता – हम सब साथ-साथ हईं.

फेरु येचुरीजी पूछत बाड़न – सोनियाजी. वइसे अब हमनी का तंबू में हमनी का साथे बाटल के के बा.

फील एट होम

इंगलैंड में फेरु बम फाटल. मैच जीतला का बाद पाकिस्तान टीम ब्रिटिश सरकार के गोहार कइलसि कि अब अतना बम धमाका होखे लागल बा ब्रिटेन में कि अब त एहिजे पाकिस्तान के फील आवे लागल बा. त आब काहे ना एहिजे रहे देत बानी हमनी के.

इमेज चौपट

क्रीम, खाए के तेल, गुजरात टूरिज्म, सफाई अभियान का बाद अब जीएसटीओ के इश्तिहार करीहें.

बच्चन साहब होत फजीरे से साँझ ले टीवी में अतना लउकत बाड़न कि उनुका के देखि के बाहर के दुनिया में इंडिया के इमेज खराब हो चलल बा कि इंडिया में रोटी-पानी के जुगाड़ करे ला बूढ़वन के अतना खटे के पड़ेला.

(FirstPost.com से साभार)

 195 total views,  1 views today

By Editor

%d bloggers like this: