भउजी हो!
का बबुआ?
सुनलू हऽ?
बहिर थोड़े हईं. कवना बात का बारे में पूछत बानी?
सुने में आवत बा कि देश में शौचालय से बेसी मोबाइल हो गइल बा.
त एहमें अचरज का बा? एगो शौचालय से कई लोग के काम चल जाला, जबकि एक एक आदमी के दू गो तीन गो मोबाइल रखे के पड़ेला. दोसरे, देश के बड़हन आबादी शौचालय के इस्तेमाले ना करे. ऊ सीधा मैदाने चल जाला.
बाकिर संयुक्त राष्ट्र संघ के एजेन्सी एकरा के दुखद संयोग बतवले बिया.
केहू ओह लोग से कबो पुछले बा कि टायलेट पेपर से पोंछिये के काम चलावे वाला लोग दोसरा का आदतन का बारे में का कही?
भउजी तू त पोंछीटे खोल दिहलू.
राउर बतिये अइसन रहल ह.
272 total views, 6 views today