कोलकाता मेल

by | Apr 5, 2010 | 0 comments

– भोजपुरिया भईया

आईपीएल के जय हो… ललित बाबा के जय हो… मजा आ रहल बा… हमरा त बुझाता कि क्रिकेट देवता… भारत के आम जनता से एक्स्ट्रा लार्ज खूश बाड़न. मुंबई इण्डियन्स के परफार्मेंस से हम जतना खूश बानी कोलकाता नाईट राइडर्स के परफार्मेंस से ओतने दुखी बानी… खैर… किंग्स एलेवन पंजाब के टीम भलही मैच हारे लेकिन किंग्स एलेवन का मैच का दौरान प्रीटी जिंटा के डांस देख के हमार मन हरियर हो जाला… आईपीएल के शुरु होखला से पहिले हम सोचले रहनी कि शाहरुख के चांस पे डांस देखे के मिली… मगर अफसोस…

अफसोस हमरा शहर कोलकाता के पुरान पुरान बिल्डिंगो देख के हो रहल बाटे… अब का बताईं… इलेक्ट्रिक वायरिंग के त बैण्ड बाज गइल बा… कवन तार कहवाँ से आ रहल बा… कहवाँ जा रहल बाऽ ई त इलेक्ट्रिसिटीये बाबा बतला सकेलें… पार्क स्ट्रीट के स्टेफेन कोर्ट नाम के विवादास्पद बिल्डिंग पर अग्नि देवता के डिस्को डांस देख के मन होल गइल रहे… बड़ा गुस्सा आइल रहे… मिस्टर फायर पर आ फायर ब्रिगेड प… … मगर हम का कर सकेनी… हम ठहरनी आम जनता… खैर… दिल बार बार कह रहल बा… आल इज वेल… थैंक यू… भगवान जे शहर के बाकी बिलडिंगन के बचा रहल बाड़ऽ… साँ कहऽ त बिल्डिंगन के केयर टेकर्स त अपना नाक में सरसों के तेल डाल के सूतेला लोग… फायर ब्रिगेड के फायरमैन के अतना बड़ बड़ तोंद कइसे हो जाता… एकर जवाबे नइखे मिलत… वोइसे जवाब हम बहुत सवाल के ढूंढ़ रहल बानी… जइसे… सलमान खान के बियाह कब होखी… पोलिटीशियन्स ईमानदारी से कब तक इलेक्शन जीते के प्लान बनावत रही लोग… चुनाव सुनिये के हमरा दिमाग में घंटी बाजे लागेला. आज कोलकाता के आम जनता… का चाहऽ ता… एकर टेंशन कवन राजनेता ले रहल बा… अब हम का… का ढूंढ़ी भाई… हम इन्टरनेट के कवनो सर्च इंजन थोड़ही हईं…

हम जबो कोलकाता मेल लिखे बईठेनी… मनमें एके गो सवाल उठेला कि खाली प्राब्लम्स के बारे में बात कइल कतना ठीक ह… आज कल रविन्द्र सरोवर लेक में इवनिंग वाक खातिर केहू चल जाय त ई बात के दावा बा कि … ओहिजा बीस बाइस गो ड्रग एडिक्ट के दर्शन जरुर हो जाई… सूरज चाचू के गायब होखला के देरी रहेला कि… ड्रग डांस चालू हो जाला… एक से बढ़ के एक कार मेनोका सिनेमा हॉलके अपोजिट में लाग जाली सँ… अउर हैण्डसम ब्वायज आपन हर टेंशन के धुआँ में उड़ावे में लाग जाला लोग. अब हमरा से केहू ई मत पुछो कि पुलिस के तोंद कांहे बढ़ रहल बा… हम एह पर रिसर्च करे में बिजी बानी… पोलिस कतना एक्टिव हियऽ… एकर हम टेंशन ना लेनी. आजकल टेंशन हमार बढ़ जाला शाम छह बजे के बाद स… अब का कहीं… एकरा खाति ट्राफिक जाम… बहुत हद तक रिस्पान्सिबल बाटे… पहिले ट्राफिक में फँसल रहला से बोर ना होत रही… काहे कि एफएम प गाना सुनत रहीं… लेकिन आजकल त हर एफएम स्टेशन ज्यादा से ज्यादा बांग्ला गाना बजावेला… अउर रेडियो जॉकीजो अठानबे फीसदी बंगले बतियावेला लोग… अब हम बांगला ना ठीक से बोल सकेनी… आ ना ही बतिया सकेनी… खैर… एफएम ना सुन के आजकल आटो वाला सब पेनड्राइव में गाना लोड करा के बजावऽता लोग… चाँदनी मार्केट में माइक्रो चिप लगा के गाना सुने वाला डिवाइसो खूब बेचा रहल बा… रेडियो सेट के सेल काहे कम भइल बा… एकर पता हम लगाइये लेब… रउआ सबे हमार एगो बात मान लीं… गर्मी पड़ रहल बा… सतुआ के शरबत बा मट्ठा जरुर पीहीं… माई किरिया मजा आ जाई…

अगिला हफ्ता … कुछ मजेदार बात ले के हम फेरु हाजिर होखब… तब तक खातिर … भोजपुरिया भईया… कहिये… जियऽ राजा जियऽ… टा… टा… सी यू नेक्स्ट वीक… हो… हो… हा… हा… ही… ही…

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up