चला भउजी तुहीं बोला – भारत माता की जय !

by | Apr 5, 2016 | 0 comments

भउजी हो !
के ह? केकर भउजी? कइसन भउजी?

केंवड़िया खोलबू त देखिए लेबू. जानत बानी कि खिसियाइल बाड़ू. ढेर दिन पर आइल बानी.
कनिया आवे के परमिशन दे दिहलसि?

अरे ना भउजी, उनकर दोष नइखे. एह घरी हमहीं असकतायाए लागल बानी. नयका सब सुनत नइखन स आ पुरनका लोग थाके लागल बा. बाकिर आजु सोचनी ह कि भउजिए से कुछ बतियावल जाव. ढेर दिन होइयो गइल रहल ह.
तब समय कइसे कटत बा?

भोरे अखबार पलटीलें आ साँझि बेरा टीवी का सोझा बइठ के चैनल वालन के चोंचिला देखल करीलें.
बहुते हिमतगर बानी जे अतना कुछ झेल जाइलें. हमार त टीवी खोलते मन झनझनाए लागेला.

तहरा त नीक लागे क चाहीं. तू त शुरुए के सेकुलर हउ.
आजुओ हईं. बाकिर ऊ ना जवन ई कुल्ही बकत बाड़ें आजु काल्हु.

ऐ भउजी सेकुलर क माने दुनिया में जवन होखत होखे अपना देश में एकर मतलब हिन्दू के खिलाफ होला.
ना बबुआ, अब एकर मतलब देशे का खिलाफ माने लागल बाड़ें सँ ई नयका सिकुलर. देखनी ह ना कि तंजीम अहमद के खून का खिलाफो एको कुकुर ना भूंकले हँ स. जबकि एगो घोड़ा के टाँग का नाम पर कई दिन ले हल्ला मचवले रहले सँ इहे कुकुरा.

त तहरो जइसन लोग के पाला बदलवा दिहले सँ ई सिकुलरवा जमात ?
एकनी के बस चले त देश के बरबाद करा द सँ ई. आ जानत बानी काहे?

ना भउजी. तूहीं बता द.
पहिला त ई कि एगो दूगो चैनल छोड़ के सगरी चैनलन के असल मलिकान विदेशियन का हाथे बा आ दोसरे ई कि बहुतन के नाम हिन्दू जइसन बा बाकिर हवें स गैर हिन्दू.

एही से नू कहल जाला कि भारत में जदि रहे के बा त वन्दे मातरम कहे के होई.
हँ ए बबुआ, तबे भारत के विजय होखी.

चला भउजी तुहीं बोला – भारत माता की जय !
भारत माता की जय !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up