भउजी हो !
का बबुआ ?
ई का सुनत बानी ?
हमरा डॉगी राजा के भौं भौं. अउर का.
ई कहिया से पोस लिहलू ?
ए बबुआ, सुनले नइखीं कि देखा देखी पुन्न, देखा देखी पाप.
मतलब का ?
मतलब कि बड़का लोगन का घर में एगो डॉगी राजा हमेशा राखल जाला. काहे कि जरुरत पड़ले पर आवे जाए वालन पर, कुछकहे सुने वालन पर भौंकत रहेले सँ आ लोग पजरी ना सटे.
बाकिर भौंके वाला कुकुरन से बढ़िया त हबके वाला कुकुर होले सँ जे सीधे हबक लेले सँ.
बबुआ वइसन डॉगी रखला मे इहो डर होला कि कबो फुरसत में रउरे के मत हबक लेव. ई डॉगी राजा का बारे में हम बढ़िया से पूरा अता पता लगा के रखले बानी. ई दोसरा कवनो काम लायक नइखे बस भँउके लायक बा. सबेरे साँझ दू गो रोटी दे दिहल करीं, दिन भर भँउकत रही.