भउजी हो! हैप्पी होली!

by | Mar 9, 2012 | 3 comments

भउजी हो! हैप्पी होली!

का बबुआ ? रउरो अगरेज बनि गइनी का ?

ना भउजी.बाकिर चारो ओर देखि के लागल कि इहे कहल ठीक रही. देखतानी कि जे सुबहित एक लाइन अंगरेजी ना बोल सके उहो एक दोसरा के हैप्पी होली बोलत बा.

कबो सोचनी कि काहे अइसन होखत बा ?

ना. तू बता सकेलू का ?

आदमी अब अपने में सिमटल जात बा. होली उल्लास के, खुशी के तेहवार ह. एहमें कवनो औपचारिकता ना रहत रहे. काहे कि औपचारिक रहत एक दोसरा पर कादो पानी रंग गोबर ना फेंकल जा सके. ई सब या त अनौपचारिक रहि के कर सकीलें भा बेपरवाह रहि के. जेकरा गरियावे के होखे गरिया लेव हम त अपने मन के करब. बाकिर अब लोग का मन से अपनापन खतम होखल जात बा. परबो तेहवार रस्म अदायगी जइसन बनि गइल बा. से लोग निभा लेत बा. आ औपचारिकता खातिर अंगरेजी में हैप्पी होली बोलल सहज लागेला. होली के बधाई भा शुभकामना बोले खातिर त होरिहार बने के पड़ी.

बतिया त हमेशा का तरह अबकियो ठीक बोललू. अरे रे रे हई का ? मार दिहलू फचाक से हरदी के घोल.

त करीं का ? भोरे अइनी ना, आइल बानी अबीर का बेर. बाकिर हमरा ओह से का? राउर कपड़ा खराब होखे त होखो हम आपन काम कइसे छोड़ दीं.

बाकिर हम त अबीरे ले के आइल बानी चलऽ उहे लगा देत बानी.

Loading

3 Comments

  1. चंदन कुमार मिश्र

    आ औपचारिकता खातिर अंगरेजी में हैप्पी होली बोलल सहज लागेला.

    माने जवन हुआँ हुआँ होखे लागे तवन के सहज कह के वैग्यानिक बनावल जा सकेला ?

  2. Vinod Pandey

    bahut badhiya

  3. amritanshuom

    भउजी हो!हमहूँ कहत बनी -हैप्पी हो…….ली!

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up