अब छपरा में घूमी अमेरिका के गोइना

by | Sep 9, 2013 | 0 comments

– जयंती पांडेय

हमरा बिहार के मुख्यमंत्री जी जबसे भाजपा के संगत छोड़ले तबसे रोज कवनो ना कवनो बवाल में फंसल जातारें. अबहीं मोदी के ममिला सुलझल ना रहे कि तड़ दे मिड डे मील के कांड हो गइल. बेचारू के ना में दम आ गइल बा. ई सूचना दे के रामचेला बड़ा धीरे से बाबा लस्टमानंद के बतवले कि, जान जा बाबा कि नीतीश भाई अब ओबामा काका के चिट्ठी लिखऽतारें कि भाजपा के साजिश के भंडाफोड़ करे के काम में उनकर मदद करस.

बाबा अचरज में पड़ गइले कि एहमें ओबामा का करीहें?

रामचेला कहले, काहे कि बिहार के अफसरान लोग त जान जा कि भाजपा से मेल मिलाल कइले बा लोग आ जे नइखे मिलल ओकरा मन में तनी भाजपा के ले के माया बा. अब ऊ त ओकरा षडयंत्र करे से रोकी ना. आ नीतीश भइवा जइसे दिल्ली दरबार में गइल ना कि ओहिजा सोनिया भउजी आ उनकर चेला चमचा लोग लागी फइलावे कि अब ऊ दिल्ली के दरी पर आ के बइठ गइले आ चुनाव में ओकरा के कांग्रेस भंजा ली. ई देस में अपना रोआं पर भरोसा ना करे के चाहीं. के कहाँ धोखा दे दी के जानऽता? एहीसे ऊ ओबामा काका के चिट्ठी लिखे जातारें कि चट दे ऊ कुछ सीनियर सीआईए अफसरान के एहिजा भेजस जे छपरा में जा के मिड डे मील ममिला में खोज क के सबूत उनका के ले आ देउ. ओकरा बाद नू भाजपा के मरिचा दरल जाई.

बाबा पूछले कि, रामचेला ई बात के बतावल हऽ?

रामचेला कहले, अरे उहे अली अनवर मियाँ बतवलें.

पहिले त नीतीश भाई ई चिट्ठी मनगुपे लिखे के चाहत रहले लेकिन ना जाने कइसे लीक हो गइल. अब कातना लोग जान गइल बा एहीसे खुल्लम खुल्ला लिखऽतारें. कुछ लोग त कहऽता कि चिट्ठी चलियो गइल बिया लेकिन कुछ लोग कहऽता कि ई अफवाह ह. कुछ लोग कहऽता कि नीतीश भाई दोहमत में बाड़े कि लिखीं कि ना लिखीं. काहे कि पार्टी अध्यक्ष शरद यादव कहले बाड़े कि चिट्ठिया लिखे से पहिले सोच लेस. शरद यादव कहलन कि एहसे गलत सन्देश जाई. लेकिन पार्टी के अउर नेता के कहल ह कि जे ओबामा काका पोजिटिव रुख देखइहें त पार्टी के फायदा होई एहीसे चिट्ठी लिखला में हरजा नइखे. एहसे दुनिया में मैसेज जाई कि ओबामा नीतीश सरकार के काम काज से खुश बाड़ें आ एहसे थोड़ बहुत पूंजी निवेशो हो जाई.

बाबा कहलें, लेकिन हम त सुननीं हँ कि अपना इहां के अधिकतर भाजपाई मजाक उड़ावऽतारें कि ज्यादातर अमरीकी एनआरआई गुजराती लोग बा एहीसे ई आवाज केहू ना सुनी. आ एतने ना बीजेपी त इहो कहऽता कि चाहे जे करस उ लोग वोटवा त मोदीए के दी. अइसन ना होखो कि सीआईए नीतीश सरकार के गिरावे के काम में लाग जाउ. काहे कि सीआईए एहीमें माहिर ह.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up