आखिर कइसे लड़ल जाई भ्रष्टाचार से ?

by | Jul 12, 2011 | 1 comment

– जयंती पांडेय

बाबा रामदेव आ अण्णा हजारे का देखादेखी नाँव कमाये के गरज से बाबा लस्टमानंदो एगो दल बनवले “विलेज दल”, आ शुरू कइले मीटिंग. कई गाँव के लोग एकट्ठा भइल. लमहर लमहर भाषण भइल, लोग के चेहरा भ्रष्टाचार का खिलाफ किरोध से भरल रहे. लोग दाँत पीसर, किटकिटात जोहत रहे कि भ्रष्टाचार कहवाँ बा, भेंटा जाइत त ममो देतीं. लेकिन सबसे बड़हन बाति बा कि
भ्रष्टाचार के जर कहवाँ बा ई नइखे मालूम. अब केहू के नइखे मालूम त जेकरा जइसन भ्रष्टाचार भेंटाइल बा ऊ ओही के बात क के संतुष्ट हो ता. पहिलका बईठक त फेल हो गइल. दोसरका बईठक ब्रह्म बाबा के तरे भइल.

पहिलका में कुछ लोग असंतुष्ट हो गइल रहे. लेकिन एह बईठक में सबके खुश करे खातिर सबके गर में माला डालल गइल. नतीजा भइल कि ओह बईठक में जतना लोग रहल सबका गर में माला लउकत रहे. भाषण शुरू भइल. भ्रष्टाचार मेटावे खातिर सुझाव माँगल गइल. केहू कुछ कहल केहू कुछ कहल, एक आदमी कहल कि अनशन कइल जाउ. भूख हड़ताल का नाँव परत सब केहू तइयार रहे बाकिर आमरण अनशन के नाँव पर केहू तइयार ना रहे. पिछलका बेर मनरखन अहीर सड़क बनवावे के नांव पर अनशन कइले रहले लेकिन ई बेर उहो तइयार ना भइले. कहले कि पछिलका हाली हमरा के बइठा दिहलऽ लोगिन, आ सब केहू रस्ता ध लिहल, हमरा के उठावहू केहू ना आइल. ई कवन बात हऽ. हमार हाल बिगड़ल जात रहे. आखिर में मुखिया जी आ के इज्जतिया बचा दिहले. अब फेर फेर सियार ताड़ तर जइहें !

सबके भीतर एगो असुरक्षा के भाव आ गइल. फेर नया नया परपोजल आवे लागल. केही कहल कि एकरा खातिर दउड़ लगावे के चाहीं. रामचेला खिसिया गइले. कहले चार डेग चलला पर त कतना लोग के दम फूलि जा ता, थहरा के बइठ जा ता लोग आ कहऽतारऽ दउरे के ! कुछ लोग कहल कि मार्च कइल जाव. गाँधियो बाबा त मार्च कइले रहले. भोला तिवारी खिसिया गइले. गाँधी बाबा के नाँव मत लऽ लोग. उहे त सब डूबवले. बात बढ़त बढ़त कांग्रेस भाजपा ले चल आइल आ मारा मारी के नौबत आ गइल. बाबा कसहूं रोकले. लोग मार्च पर तइयार भइल. अतने में केहू कहल कि मार्च करे के पहिलेकम से कम पुलिस से परमिशन त ले ल. ना त कहीं लगल पिटाये त भागे के जगहि ना मिलि. त एक आदमी कहल कि हम रोज कचहरी जानी, जे बाबू अप्लिकेशन आगे बढ़ाई ऊ कुछ पत्रपुष्प माँगत बा. कहऽ तइयार बाड़ऽ. बाबा लस्टमानंद कहले भ्रष्टाचार मेटावे के आंदोलन खातिर भ्रष्टाचार के सहारा. भाई कुछ त करही के पड़ी. पुलिस के लाठी से बाँचे के कवनो उपाय त करहीं के परी.

सब केहू तइयार हो गइल आ घूस देबे खातिर चंदा बिटोराये लागल.

वाह भाई वाह, भ्रष्टाचार मेटावे के खातिर भ्रष्टाचार के सहारा ! धन्य बाड़ऽ भाई लोग !

बाबा लस्टमानंद ओहिजा से सूरती मलत चलि दिहले.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

1 Comment

  1. amritanshuom

    “विलेज दल”के भ्रष्टाचार मेटावे खातिर भ्रष्टाचार के सहारा लेल , सभके आन्दोलन के भंडा फोड़ता .
    ओ.पी.अमृतांशु

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up