ई सरकार का हऽ

by | Jan 16, 2011 | 0 comments

– जयंती पांडेय

रामचेला एह जाड़ में सबेरे-सबेरे बाबा लस्टमानंद के दुअरा पहुँचले. बाबा घूरा तर बइठल रहले. संगे अउरो दू चार गो लोग रहे. बाबा के दंडवत बोल के राम चेला घूरा के लगे एगो पुअरा के बिड़ई पर बइठ गइले. राम निहोरा खइनी मलत रहले, बनवला के बाद सबके दे के रामोचेला की ओर बढ़वले. चुटकी में सुर्ती दाबि के राम चेला बाबा से कहले, बाबा हो. सरकार के बारे में तोहार का खेयाल बा ?

बाबा कहले, देखऽ बाबू. दर्शनशास्त्र के मोताबिक ई संसार पानी के बुजबुजी हऽ. अबे खिलल बा अबे बिला जाई. सरकारो पर इहे नियम लागू होला. अभी सरकार चल रहल बा अबे सुनाई कि गइलॆ लेकिन ई त प्रकृति के नियम हऽ. सरकार एगो अइसन चीज हऽ कि एकर व्याख्या एगो नियम से ना हो सकेला. एकर गणित अलग होला, साइंस अलग होला, बायलाजी अलग होला. अब जीव विज्ञान के आधार पर देखबऽ त पता चली कि सरकार घुसकत बिया, कबहु ड़ेंगऽतिया, त कबहुं चलऽतिया. सरकार के पीठ में रीढ़ ना होला. एही से ऊ जब ना तब झुक जाले. कवनो बात पर डाँड़ टेढ़ क ले ले आ कवनो ना कवनो सहारा ले के खड़ा रहेले. लेकिन जे सहारा देले ऊ चुप ना रहे. कबो चिउंटी काटेला, कबे धकियावेला त कबो छोड़ देबे के धमकी देला. कब्बो इहो देखल जाला कि सहारा देवे वाला हटि गइल. सरकार लागल डगमगाये. लेकिन ओही समय जइसे प्रभु के चमत्कार होला ओसहीं ना जाने कवन गड़बड़ घोटाला होला कि कवनो इयोर से केहू आ के सरकार के सहारा दे देला. एगो बयान जारी हो जाला कि सरकार गिरी ना, एकदम खतरा से बाहर बा. जवन दल सरकार के सहारा देला ओकर मन आ सरकार के मन में बड़ा अंतर होला, तबहुओं ऊ सहारा देला. ई त भइल जीव विज्ञान के बात. अब सरकार के देखीं जरा गणित के नजरिया से. एह पर ऊ फार्मूला ना लागे जे सारी दुनिया में लागू होला. उहां समर्थन के गणित, जोड़-तोड़ के फार्मूला, खरीद-बिक्री, पद के बँटवारा वगैरह जियादा काम आवेला. केमिस्ट्री त हमेशा बदलत रहेले. कबहुं सरकार के साथ हो जाले त कबहुं सरकार के खिलाफ. भीषण इलाज से सरकार के हालत हमेशा अंतिम साँस गिन रहल बुढ़िया अस होला. अब मुअल तब मुअल. लेकिन सहारा समर्थन नामक कोरामिन से बाँचल रहेले.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up