चाय के महातम

by | Jan 4, 2012 | 1 comment

– जयंती पांडेय

बाबा लस्टमानंद कहले रामचेला से कि गाय आ चाय में का फरक बा. फरक तऽ ना बुझाइल बाकी बुड़बक अस मुंह बा के लगले तिकवे एने ओने. फेर सांस ले के कहले कि हमरा तऽ मालूम नइखे लेकि बतकुच्चन वाला बाबू ओम परकास जी से पूछ के बता देब. उहे बात के चाम घींच-घींच ओकर असली चेहरा देखावे ले.

बाबा लस्टमानंद कहले, तूं एक दम बुड़बके हव का. ओतहत आदमी के ई छोट बात के खातिर सांसत में काहे डलबऽ. गाय आ चाय में जवन तुक बा ऊ तऽ देखते बाड़ऽ. ओकरा बाद अपना गांव गिरांव में पहिले हर घर में गाय रहत रहे अब सब घरन में चाय रहऽता. गाय गायब. लेकिन ई बात नइखे कि जवना घर में गाय होई उहां चाय ना होई. लेकिन भेंटाई कि एकर कवनो ठेकाना नईखे. गाय से फायदा रहे चाय से फायदा नईखे लेकिन समय समय के बात हऽ एगो समय गाय के रहे अब समय चाय के बा. हां ई बात बा कि अपना देस में जहां गाय ना रहीं उहों चाय मिल जाई, जोगाड़ दूध से. एक दम दकदक उज्जर. चाय के सोर्स गांव से लेके शहर ले बा. कातना जगहि तऽ चाय चाह बन जाला आ चाह ना मिलला पर कातना लोगन के आह निकल जाला. आज लक्ष्कन के ना माई के दूध मिलऽता ना गाय के. एही से लक्ष्कनो में चाय भी मशहूर होत जाऽता. कई तरह के चाय यानी टी चलन में बा. जइसे डे टी, नाइट टी, मोर्निंग टी, नून टी, आफ्टर नून टी, इवनिंग टी. एकरा अलावा बीएम टी (बिफोर मील टी), एएम टी (आफ्टर मील टी), बेड टी, टॉयलेट टी, बाथरूम टी आदि. पीये वाला पियते बा. कहां ले बताईं कुछ लोग एक बेर पीयेला. कुछ लोग दू बेर आउर कुछ लोग बेर-बेर पीयेला. कुछ लोग असहुं बा जेकरा चाय नुकसान करेला. नुकसान भले करो लेकिन पीयेला जरूर . भले बे दूध के चाहे बे चीनी के चाहे नून मिलाके पिए. कुछ लोग साधारण तऽ कुछ लोग असाधारण माने स्पेशल पीयेला. कुछ लोग देखके, कुछ लोग देखाके अक कुछ लोग लुका के तऽ कुछ लोग लुकवा के भी पीयेला. चाहे जे कहऽ कुछ लोग चाय भी के बरबाद हो गईल तऽ कुछ लोग पिया के बन गईल. ई चाय के महातम रामचेला तूं अपना मन में बइठा लऽ आ तब चाय पीअऽ.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

1 Comment

  1. प्रभाकर पाण्डेय

    कातना जगहि तऽ चाय चाह बन जाला आ चाह ना मिलला पर कातना लोगन के आह निकल जाला. एकदम सही कहनीं रउआँ। सादर।।

    कुछ लोग देखके, कुछ लोग देखाके अक कुछ लोग लुका के तऽ कुछ लोग लुकवा के भी पीयेला. चाहे जे कहऽ कुछ लोग चाय भी के बरबाद हो गईल तऽ कुछ लोग पिया के बन गईल. लाख रुपया के बाति।

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up