भ्रष्टाचार एनहु-ओनहुं चारू इयोर

by | Apr 28, 2011 | 2 comments

– जयंती पांडेय

सियावर बाबू के मुँह पर बड़ा दिन का बाद हँसी लउकल. बाबा लस्टमानंद से ना खेपाइल. सियावर बाबू सरकारी अफसर हउवन. सरकारी कर्मचारी अउर आफिसन के बारे में सब कुछ जाने ले. एही से जब ऊ भेंटास त मुँह माहुर अस कइले रहस. बाबा का संगे एगो पत्रकारो रहे. जब उनका ई पता चलल कि बाबा के संगे वाला आदमी पत्रकार ह आ कलकाता के अखबार में लिखेला त एक दम पायजामा से बाहर हो गइले. जइसे देस के बनावे के जिम्मा पत्रकारने के होला. कहले – तूं पत्रकार लोग खाली घूमत रहेलऽ. देस में आतना कुछ हो रहल बा आ तूं लोग कुछ लिखत नइखऽ. जब उनुका बुझाइल कि बात कुछ बेसि कह गइले त कहले कि अरे देस के सुधारे के जिम्मेदारी त पत्रकारे लोगन पर रहेला न. अब इहे देखऽ करप्शन के हाल. पत्रकार ना रहिते सँ त ई बार आतना खुलित का ? लेकिन फिर कहले कि ओकरा से का होई. आजु ले भ्रष्टाचार का मामिला में कवनो नेता के सजा भइल बा का ? गिरफ्तारी ले त सब कुछ ठीक चलेला, ओकरा बाद फुस्स ! लेकिन अचानक सियावर बाबू के चेहरा पर हँसी आ गइल.

कहले – भाई बड़ा दिन के बाद मन के शांति मिलल बा. जब मिस्र के होस्नी मुबारक का बारे में सुननी. भाई वाह ! ऊ त भ्रष्टाचार का मामिला में राजा आ कलमाडिओ के पीछे छोड़ दिहलसि. अबले त इहे मालूम रहे कि हमार देस भ्रष्टाचार का मामिला में सिरमौर बा लेकिन अब बुझाइल कि करप्शन का मैदान में एक से एक कलाकार बा लोग. लेकिन हमरा हँसे के कारण ई ना हऽ भाई. हमरा हँसे के कारण ह कि वाह रे मिस्र के जनता. तीस बरिस ले बर्दाश्त कइलस आ जब ना बर्दाश्त भइल त ओकरा के गद्दी पर से घिसिया के उतार दिहलस.

बाबा पूछले कि का हमनियो का देस में अइसन होई ? सियावर बाबू कहले कि हमनी में सबसे बड़हब कमी बा कि हमनी का अपना के तीसमार खाँ बुझेनी सँ. ई बुला जानी सँ कि सबसे बड़हन तीसमार खाँ त ऊपर बइठल बा. ऊ जब लाठी चलाई त नीमन नीमन लोग के हवा निकल जाई. अब ऊ हजारे काका का हाथ में डंडा थमा दिहले बा. देखत चलव भ्रष्ट लोगन के दाशा.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

2 Comments

  1. yagyesh

    kaki ji, raur vyang pad ke bahute hi badiyan lagal. dhanyabad.

  2. Ramesh Kumar

    Verry Good this topic.

    Thanks

Leave a Reply to yagyesh

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up