लोकपाल के नाना प्रोडक्ट

by | Jan 8, 2012 | 0 comments

– जयंती पांडेय

बाबा लस्टमानंद एगो अखबार में छपवावे खातिर लोकपाल पर एगो लेख लिखले. लेख का रहे एकदम से तमाशा रहे. ऊ लिखले कि लोकपाल एगो अइसन फल हऽ जे ईमानदारन के मीठ आ बेईमानन के खट लागेला. जनता के खट मीठ दूनो. सरकारी अफसरन के ई बड़ा कसवे ला. आपन देश एगो गरम देश हऽ डाक्टरी के भाषा में एकरा समशीतोष्ण देश कहल जाला. कुछ लोग एकरा के जड़ी बूटी बूझेला आ बूझे ला कि एकरा सेवन से भ्रष्टाचार नामक बेमारी खत्म हो जाई. सत्ता पक्ष आ विपक्ष के लोगन में एकरा गुणावगुण के लेके भारी मतभेद बा. जइसे लोकपाल के चूरन कई बेमारी में काम आवे ला. एकरा बनावे के फारमूला हऽ दू चार गो संविधान के जानकार लोग, दू चार गो बड़बोला चाहे हो सके तऽ बहुबाचक लोग आ एगो भूखऽल रहे के आदी बूढ़ आदमी. सबके एक जगहा एकट्ठा कऽ लऽ आ ओकरा के कुतर्क के छुरी से गोद दीं. ओकरा बाद बयान के पानी में फुला दीं. आ ओकरा बाद आश्वासन के चाशनी में डभकाईं. जब एकदम पाक जाऊ तऽ ओकरा के बहस के धूप में सूखे के डाल दीं. एह से जे लोकपाल बनीं ऊ एकदम हलुक रही आ बिल्कुल हरजा ना करी, खाली सवाद बदल जाई. अफसर आ कर्मचारी ओकरा बड़ा चाव से खाई लोग. एह चूरन के सेवन से भ्रष्ट आ ताकतवर लोग ऊंच मनोबले प्राप्त करी. शिकायत करे वाला सांसत में पड़ी. जनता ई चूरन में थोड़का गुणकारी मसाला वगैरहो डाले के चाहऽ रहल बा जेहसे ई असरदायक बन जाय लेकिन सरकार सहमत नइखे. विपक्ष तऽ ई चूरन के ले के अब ले संशय में बा कि ई का हऽ. कुल मिलाके जनता, सरकार अउर विपक्ष के खींचतान में ई लोकपाल एगो रगड़ा बन रह गईल बा.

इहे ना लोकपाल चटनियो बने ला. एकरा खातिर आवश्यक सामग्री हऽ लोकपाल जैम – आवश्यक सामग्री – ताजा लोकपाल प्रस्ताव रूपी फल. अलग – अलग समूहन से मांगल. लगभग एक किलो झूठ भरोसा के चीनी, थोड़की सा अहंकार रूपी प्रिजरवेटिव.

एकरा बनावे के विधि हऽ पहिले लोकपाल के खूब बहस, बैठक, कानूनी अड़चन के आंच में ढंग से भाप लऽ. फेर नियम, बेबसी, अधूरा इच्छा के हाथ से कड़ेरे सान लऽ. ध्यान रहे कि कवनो बीज चाहे छिलका न रह जाए जे कि खात समय दांत में गड़ों. बेदांतो के लोग एकरा के चभुला के घोंट जाय. अब संवैधानिक मान्यता के अभाव के ठंडा पानी में रख दऽ. लऽ लोकपाल चटनी तैयार बा. ई चटनी से बुद्धि खुले ला.

ई एगो विवादास्पद फल हऽ. विशेषज्ञ एकरा बारे में एकमत नइखे लोग. एगो वर्ग कहेला कि ई अत्यंत फायदेमंद हऽ लेकिन सरकार एकर गूदा, पत्ता, छिलका सब निकाल देवे के चाहे ले. विपक्ष एकरा से लगाव नईखे. अब देश बूझ नइखे पावत कि ई खाइल जाउ कि उगिल दिहल जाउ.

एतना के बाद बाबा लस्टमानंद आपन लेख समेट दिहले काहे कि लोकपाल के समर्थक नवजुवक दल के लईका उनहीं की ओर लपकल चलल आवत रहले सन.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up