सब कुछ ठीक बा

by | Dec 1, 2012 | 0 comments

– जयंती पांडेय

राम चेला बड़ा चिंता में बाबा लस्टमानंद के लगे अइले आ थहरा के बइठ गइले. बाबा पूछले कि उनका कवना बात के चिंता बा कि उनकर चेहरा उड़ल बा.

राम चेला कहले, का कहीं बाबा कांग्रेस त पहिलहीं घोटाला में डूबल रहे अब भाजपो ओही पांक में फसल लउकऽतिया.

बाबा कहले, बिलकुल ना. गुरुमूर्ति जी के सुनलऽ ना? ऊ बहुत बड़हन एकाउंटेंट हउवन आ सी ए हउवन. कहऽतारे कि एकदम खाता बही के जांच क लेहले बाड़े. कवनो गड़बड़ी नइखे. पाई पाई के हिसाब ठीक बा. गडकरी जी पर त बेकारे आरोप मढ़ऽता लोग. तूं तनिको मन छोट मत करऽ. आउर जे ऊ नोकर डराइवर वगैरह के अपना कम्पनी के डायरेक्टर बनाइये दिहले त एह में कवन खराब भइल? ई त संघ के आ दीनदयाल उपाध्याय के विचारधारा के मोताबिके बा.

एह से गरीब लोग के शक्ति मिली. एकर त बड़ाई करे के चाहीं इहवां लोग ओकर बुराई करऽता. नेता लोग अपना भाई भतीजा , दोस्त-महीम सबके पद बांटेला आ ऊ बेचारू त गरीबन के दिहले त नेता लोग के पेट दुखाये लागल. ऊ लोग एह से डेराता कि अब जनता जे उनकर ई काम के बड़ाई करी त ऊहो लोग के इहे करे के होई. त भाई भतीजा का खाई?

आजादी के बाद राजा- नवाब-जमीदार लोग कुल जगह-जमीन अपना कुकुर-बिलार के नावें करत रहे लोग त कवनो बात ना लेकिन जे गडकरी जी करे लगले त सब गड़बड़ हो गइल.

आउर जे झोपड़ी-चाल में कवनो कारखाना चाहे दू तीन कारखाना खुल गइल त का अन्याय हो गइल? ई का बात भइल कि झोपड़ी वाला लोग कारखाना ना खोल सके कि इन्वेस्ट ना कर सके कवनो नेता के कम्पनी में.

सरकार मार इन्वेस्टर लोग के पोल्हावऽत बा लेकिन जे चाल वाला लोग केहु नेता के कारखाना में पइसा लगावे लागल त हड़कम्प मच गइल. ई त अच्छा बात ह कि गुरूमूर्ति बाबू के ई सब ना लउकल. जब उनका ना लउकल त सरकार के काहे लउकत बा. लोग कहऽता कि दिल्ली के लगे एगो उपनगर में गडकरी जी के पता के कई गो पैन कार्ड पहुंच गइल. ओकरा चक्कर में पार्टी के कई करोड़ रुपया डूब गइल लेकिन गडकरी जी ना डूबले, ऊ बड़ा बड़हन चीज हउअन.

अब बाबा गुरुमूर्ति जी गडकरी जी के निर्दोष बता दिहले आ पार्टी के आ संघ के बचा लेहले. अगर इहे सब में धराइल रहते त केहु कुछ ना कहित. अरे हमनी के प्रचार के जमाना में अतिथि के बेखइले ना जाये देत रहनी सन. अब गुरुमूर्ति जी जांच करे ले त के खिआवे.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up