– ओ. पी. सिंह


जमाना बदल गइल बा. आ एकरा साथही बदल गइल बा बोले बतियावे के तरीका. कई बेर कवनो पुरान कहाउत कहे के मन करेला बाकि तुरते दिमाग के लाल बत्ती जर जाले आ ओह मन के बदल देबे के पड़ेला. कई बेर ओह कहाउतन के पॉलिटिकली करेक्ट करत इस्तेमाल क लेबेनी, बाकि हर कहाउत में एह तरह के संशोधन आसान ना होखे जवना से साँपो मरि जाव आ लाठियो सलामत रहे. कई बेर के संशोधन भासा के धार बदलि देला. पुरनका जमाना में बबुआनन आ पंडितन के जोर रहल त बाकि जातियन के मखौल के विषय बना लीहल जात रहल. गरीब के जोरु गाँव भर के भउजाई कहले जाले. आ ढेर जबर ओकरा के सहवासिए बना लेव तबो अबरा करिए का ली. ऊ जमाना चलि गइल जब कहाउत चलत रहल कि छोट सुभावी लतियवले आ बड़ सुभावी बतियवले. लाख कोशिश का बादो असल कहाउत ना लिख पवनी काहे कि कब सहारनपुर के माहौल बनि जाई कहल ना जा सके. वइसे सुने में आवत बा कि एह बवाल का पाछे कुछ लोग आपन नाम आ मजहब बदलि के आगि लहकावे में लागल बा. दौलत के बेटी गइली सरिहावे त अउरी लहका अवली. खेत खाय गदहा आ मार खाए जोलहा वाला हाल बा. बेचारा डीएम एसपी के सस्पेंशन हो गइल आ कमिश्नर के तबादला.
ढेला मारे वालन के मेजरमेंट ले डाले वाला मेजर का पाछा देश के सगरी कूकूर लाग गइलें भौं भौं करत बाकि सरकार आ सेना एह भौं भौं के अनसुनी करत ओह मेजर के सम्मानपत्र दे दिहलसि जे ढेला मारेवाला के आपन ढाल बना लिहलसि आ बिना गोली चलवले दर्जनो लोग के जान बचा ले गइल. जवना थरिया में खाए ओही थरिया में हगे वाला कुछ नमकहराम कश्मीरी नेतवन के सरकार आ सेना के ई हिमाकत पसन्द नइखे आइल कि ढेला मारेवालन के आपन ढाल बना लेव. कोढ़िया डेरावे थूक से का भरोसे एह ढेला मार गिरोह के गलतफहमी रहुवे कि ओकनी प कुछ कर ना पाई सेना बाकि सेना अइसन राहि निकाल लिहलसि का आगहूं ला परेशानी हो गइल. आ एह ढेलामार अनेरियन के साथ देबे वाला सेकूलर जमात के ठकुआ मार दीहले बा. ओहनी के बुझात नइखे कि सरकार के बेंवत अइसन कइसे हो गइल कि ऊ कूकूरबझाँवन के कवनो भाव नइखे देत.
कहनी नू कि जमाना बदलु गइल बा. पहिले पकिस्तनिया जबे मन करे तबे सीमा रेखा पार क जात रहलें आ भारत का तरफ से बयानवीरन के थोथ बयानन का अलावे कुछ अउरि ना निकल पावत रहल. अब हाल ई बा कि एटमी फउँक का भरोसे भारत के काबू में राखे वाला पाकिस्तानियन के भारत का तरफ से सर्जिकल स्ट्राइक हो गइला का बादो इहे कहि के संतोष क लेबे के पड़ल कि अइसनका कवनो स्ट्राइक वगैरह ना भइल. पाकिस्तानियन के दलाली करे वाला एगो इन्डियन जमात ओकरा हँ में हँ मिलावत सेना से सबूत माँगे लगलन. अब हालही में भारत का तरफ से नौशेरा सेक्टर में पाकिस्तानी बंकरन के नेस्तनाबूद क देबे वाला वीडियो जारी क के ओकनी के अउर फजीहत क दिहलसि भारत के सेना. जबाब में पाकिस्तानो का तरफ से एगो फर्जी वीडियो जारी क के भारत के एगो चौकी उड़ा देबे के दावा कइल गइल. बाकि उहे वीडियो साबित करा दिहलसि कि सब कुछ नकली बा पाकिस्तानी वीडियो में.
अब पाकिस्तानो जान गइल बा कि भारत ओकरा खिलाफ अब झाड़फूंक करे के नौटंकी ना करी आ सीधे लतियावल शुरु क दी आ बाद में ओकर वीडियो जारी क के दुनियो के बता दी कि कतना लात तगवलसि. सचहूं जमाना बदलि गइल बा.

Advertisements