अटल जी का बहाने : बतंगड़ – 100

by | Nov 2, 2018 | 0 comments

के जानत रहुवे कि बतंगड़ के 100वां कड़ी बाजपेयी जी के मातम मनावे का काम आई. अटल जी के लोग बेपनाह प्यार कइल, सम्मान कइल बाकिर बहुते कम लोग रहल जे उनुका के सही में समुझ सकल. हिन्दूवादियन खातिर ऊ सेकूलर रहलन आ सेकूलर जमात खातिर कम्यूनल. राहुल के कई जिनिगी ला जेल के सजा से बचावे वाला बाजपेयी जी के राहुल के महतारी कबो पागल बतवली त कबो मानसिक रुप से दिवालिया. संस्कार के अइसन कमी कि बाजपेयी जी का पार्थिव शरीर पर फूल चढ़ावे गइली क फेंक के अइली. राहुल के त बाते छोड़ दीं, ऊ त हमेशा नशा का पीनक में रहेला आ ओकरा चेहरा पर एगो नकली मुस्कान हमेशा चिपकल रहेला. बाजपेयी जी का बदले उनुका परिवार के श्रद्धांजलि दे दिहलसि. बुड़बक बुझावे से मरद आ कांग्रेस में त बस एगो औरते बिया. त ओकरा के समुझआवे के.

एक जमाना इन्दिरा गाँधी के रहुवे आ एक जमाना सोनिया गाँधी के. एह लोग का दौर में कांग्रेस के लोग आपन रीढ़ के हड्डी गँवा दीहल. राहुल जब अमेरिका के एगो हवाई अड्डा पर एगो छाकरी, नशा के पैकेट आ करीब पौने दू लाख डालर का साथे धराइल रहुवे तब बाजपेयी जी अपना रसूख के इस्तेमाल कर के ओकरा के जेल जाए से बचवले रहलें. दोसर कवनो औरत रहीत त अपना बेटा के कई जिनिगी के जेल से बचावे वाला आदमी के गोड़ धो के पिइत बाकिर ई त उनुका के तिकड़म से हरवा दिहलसि.

अटलजी के हरवावे में खाली कांग्रेसे के हाथ ना रहुवे. बहुते हिन्दू पियाज आ टमाटर के दाम ले के उनुका के हरवावे में लाग गइले. आजुवो अइसनका हिन्दूवन के कमी नइखे जे मोदी का खिलाफ हवा बनावे में लागल बा. एक बेर ई लोग बाजपेयी जी के साल 2004 में हरावल त अइसन हिन्दू विरोधी सरकार आइल जे 11 बरीस ला हिन्दुवन का छाती पर मूंग दरलसि आ अबकी जे कहीं फेरू आ गइल त हिन्दू लोग के सफाया होखल तय बा. अपना के बड़का हिन्दू समुझे वालन के शिकायत बा कि दलित के सुरक्षा काहे दीहल जा रहल बा. त दलितन के भड़कावल जा रहल बा कि सरकार तोहरा लोग के हक मारे का फेर में बिया.

अटलजी के निधन पर का कांग्रेसी, का बँवारा गिरोही, का ममता, का समता, सभे आपन श्रद्धांजलि देबे में लागल बा. मीडिया जे अटल जी का दौर में उनुका खिलाफ तरह तरह के झूठ खबर पसारे में लागल रहुवे ऊ आजुकाल्हु अटल वन्दना में लागल बा. आ हम एहिसे खुश बानी कि चलऽ एही बहाने हिन्दूवादी गोल भाजपा के प्रचार हो रहल बा. अटले जी का बहाने लोगो के चातावल जा रहल बा कि जइसन बाजपेयी जी का साथे साल 2004 में भइल ऊ गलती सात 19 का चुनाव में गलतिओ से दोहरावे के नइखे. आ भाजपा विरोधिओ लोग के सलाह बा कि जइसन धोखा आ तिकड़म बाजपेयी जी का साथे कइलऽ लोग ऊ गलती मोदी का साथे मत करीहऽ लोग. ना त अगिला बेर हमनी का योगी आदित्यनाथ के ले आइब जा. सतमेझरा के सरकार अगर केहू तरह बनाइओ लिहलऽ लोग त ढेर दिन ले चला ना पइबऽ लोग. आ मोदी जी त आपन झोरा उठा के चलि दीहें बाकिर हमनी के त एही दुनिया में जिए के बा. अलग बाति बा कि कुकुरन के भउंकला का चलते गाँव ना उजड़े. आ देश के हिन्दुओ अब समुझदार हो गइल बाड़ें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up