खुदकुशी करे वालन पर ममता जन करीं – बतंगड़ – 89

by | Jun 24, 2018 | 0 comments

ममता बनर्जी देश के पीएम बने ला पूरा जोर शोर से लागल बाड़ी. अगर सीधे हाथ ना हो पाई त हाथ टेढ़ो करे उनुका आवेला. आ हाथ वालन के एकर पूरा अनुभव बा. हमार उनुका से एके गो निहोरा बा कि हे ममतामयी दीदी, हे जम्हूरियत के देवी, तोहरा राज में खुदकुशी करे वालन पर ममता देखवला के जरुरत नइखे. ऊ लोग खुदकुशी कर पावे ओहसे पहिलहीं ओह लोग के जेल में डाल द. ई मत सोचऽ कि ओकर सबूत कहाँ से ले आवल जाई. सबले बड़का सबूत त इहे बा कि ई लोग तोहरा राज में रहिओ के तोहार खिलाफत करत बा. बंगाल के डायरेक्ट एक्शन वाला दिन भुला गइल बा. आ एही चलते तोहरा कार्यकर्तन के डायरेक्ट एक्शन करे के पड़त बा. अब पुरुलिया में हालही में दू गो लाश गाछ भा पोल पर लटकत मिलला का बाद पुलिस का तरफ से आइल बयान कि ई खदकुशिओ के मामिला हो सकेला हमरा के एगो पुरान चुटकुला ईयाद करा दिहलसि. पुलिस एक बेर एगो साहित्यप्रेमी के गिरफ्तार क के ओकरा पर आत्म हत्या करे के कोशिश करे के आरोप लगवलसि. अदालत पुछलसि कि एकर सबूत का बा कि ऊ खुदकुशी कइल चाहत रहुवे, पुलिस के सहज जवाब रहुवे कि तीस गो कवियन का बीचे ई आदमी अकेले बइठल रहुवे हुजूर. आ एही तर्ज पर जे लोग बंगाल में रहिओ के तोहार खिलाफत करत बा ओहू लोग के खुदकुशी करे का कोशिश का आरोप में जेल में डालल जा सकेला.
सचहूं खुदकुशी करे के एहले बढ़िया सुबूत का हो सकेला. आ बंगाल में रहे वाला लोग अगर तोहरा ममता भरल शासन से खुश नइखे त मुअले नू चाहत बा. ओकरा के खुदकुशिए नू कहल जाई. एहसे हमार एके गो निहोरा बा कि एहसे पहिले कि कुछ अउर लोग खुदकुशी करे का राह पर आगा बढ़े ओहसे पहिलहीं ओह लोग के गिरफ्तार कर लेबे के फरमान जारी कर द दिदिया. आ पुलिस वाला त बस तोहरा एक इशारा पर सबकुछ करे ला तइयार बइठल बाड़ें. बस चिन्ता एकही बा कि ओतना जेल कहाँ से ले आवल जाई काहे कि दिनो दिन एह खुदकुशी करे वालन के गिनिती बढ़ले जात बा. देखऽ तोहरा लगे कुछ ना कुछ उपाय जरुरे होखी. आखिर बंगला देश से आवे वाला घुसपैठियन ला , सगरी इन्तजाम होइए जा रहल बा तोहरा बंगाल में.
बाकिर ओहू ले बड़ चिन्ता ई होखे वाला बा कि बहुते हिन्दू लोग अब मोदी से नाराजगी देखावत बाड़ें कि जब ई हिन्दू ला कुछ करते नइखन त इनुका के भोट काहे दीहल जाव. ई लोग तरह-तरह के नाम पर, तरह-तरह के बहाना बना के अपना के हिन्दू जतावत मोदी के खिलाफ हवा बनावे में लागल बाड़ें. सुनत बानी कि ओह लोग के लुभावे -बझावे ला बड़का विरोधी गोल आपन खजाना खोल के बइठल बा आ अगिला चुनाव आवत आवत बहुते लोग ओह खजाना में से आपन-आपन बखरा उठावे का फेर में लाग गइल बा. केहू आरक्षण विरोध का नाम पर, केहू पेट्रोल डीजल का नाम पर, केहू इन्कम टैक्स का नाम पर अपना के नोटा वाला बनावे-बतावे में लागल बा. इहो लोग त एक तरह से खुदकुशिए करे का राह पर बा. जानत बानी कि शान्ति प्रेमी लोग एह लोग के साथे ले के पूरा देश के शान्त करे के बेंवत रखले बा. बस समय का इन्तजार में बा लोग. कबो एह बहाने त कबो ओह बहाने ई लोग आपन गिनिती बढ़वले जात बा आ बाकी हिन्दुस्तान एह गलतफहमी में जी रहल बा कि शान्ति आ सद्भाव बनवले राखे के सबले सहज राह इहे बा कि अपना दुश्मन के गले लगा ला. ओकरे साथे हो ल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up