घाव अइसन कि ना देखावते बने ना बतावते : बाति के बतंगड़ – 10

by | Dec 12, 2016 | 0 comments

– ओ. पी. सिंह

पाकिस्तान के आदत से तंग आ के पिछला हफ्ता भारत आपन “रणनीतिक संयम” के रणनीति छोड़ के पलटवार कइये दिहलसि. आ अइसन घाव दे दिहलसि कि ओकरा ना देखावते बनत बा ना बतावते. भोजपुरी के अखबार रहीत त “संपादकीय संयम” रखला बिना ऊ भोजपुरी कहावत वइसहीं दोहरा देतीं. बाकिर अखबार हिन्दी वाला ह से तनिका बदल के बतावत बानी कि “पिछाड़ के घाव ना देखावते बने ना सुनावते”. पाकिस्तान ना हल्ले कर सकत बा ना हमले. सबले बड़ परेशानी ई कि भारत ई काम कइलसि कइसे कि पाकिस्तान के नींदो ना टूटल आ भारत मार के चलि गइल.

एह बाति के भोजपुरी वाले मजा ले के सोच सकेले आ हम कहलो उहे चाहत बानी. भोजपुरी के सहजता हिन्दी के अनुशासन में बिलाइल जात बा आ कुछ भोजपुरिया चाहतो इहे बाड़ें कि भोजपुरी के आम आदमी के भाषा बनल मत रहे दीहल जाव, एकरा के सभ्य लोगन के भाषा बना दीहल जाव. अब एह सभ्यता का आड़ में कतना कारगुजारी हो जात बा उहो सभे देखत बा.

हिन्दुस्तानो में अइसनका नमकहरामन के कमी नइखे जे बिना पैटरनिटी जँचववले अपना बापो के बाप ना मान सकसु. उनुका ओह बेरा के सबूत चाहीं जब उनुकर बीया रोपाइल रहुवे. उनुकर माई जबले अपना पतिव्रता होखे के सबूत ना दे देसु तबले ऊ उनुका के छीनारे मनीहें. अरविन्द केजरीवाल, संजय निरुपम, दिग्विजय सिंह, पी चिदमबरम जइसन लोग अइसनके जमात से आवेला. ई लोग एह बाति के सबूत देखल चाहत बा कि भारत सचहूं पाकिस्तान के मार के चल आइल. एकरा पीछे के मकसद ई बा कि पाकिस्तान जान सको कि कवना तरह से ई सर्जीकल स्ट्राइक भइल, कवन तरीका अपनवलसि भारत, कवना साधनन के इस्तेमाल कइलसि.

महतारी कहत बिया कि ए बबुआ तू अपना बापे के जामल हउव, बाकिर ई लोग माने के तइयार नइखे. एह लोग के लागत बा कि जइसे दिल्ली में राशन कार्ड बनवला घरी के वीडियो बना लेलें आपिया कि बादो में वेरिफिकेशन होत रहे, वइसहीं उनुकर बापो बना के रखले होखीहें. माने के तइयार नइखन कि हर बाति के प्रमाण देखावल ना जाव. वइसे जेकरा अपना बाप के प्रमाण चाहीं से लैब जा के आपन डीएनए जचँवा सकेला. वइसहीं एह लोग के चाहीं कि पाकिस्तान के कराहल सुनो, टाँग पसार के चलत देखो आ मान लेव कि सचहूं पाकिस्तान के मरा गइल रहुवे ओह राति.

अगर ई बाति साफ ना रहीत त दुनिया के सगरी देश भारत के कइल कार्रवाई के जायज ना ठहरवतें. आजु पाकिस्तान दुनिया के आपन मुँह नइखे देखा पावत. केहु ओकर सुने भा माने ला तइयार नइखे. बाकिर पाकिस्तान के दलाली करे वाला एह अहिन्दुस्तानियन के चैन हेरा गइल बा. सोचत बाड़ें सँ कि अतना दिन से चलल आवत कायरता के रणनीति के छोड़ काहें दिहलसि भारत. पाकिस्तान अलगे परेशान बा कि परमाणु हमला करे के धमकी के ब्लफ गेम खोले के हिम्मत कइसे क लिहलसि भारत. पहिले त हर लड़ाई में हरला का बाद एगो शगूफा मिलल रहुवे परमाणु हमला करे का धमकी का रूप में, अब उहो छीन लिहलसि भारत. काठ के कड़ाही अब दुबारा चढ़ी त कइसे.

अब एह बदलल हालात में ओकरा आपन बचाव के राह खोजे के पड़ी. बलूचिस्तान के मामिला अलगे रंग पकड़ले जात बा आ अब लागत बा कि देर सबेर बलूचिस्तान के आजाद होखे से रोकल नइखे जा सकत. पाकिस्तानो में आवाज उठल शुरू हो गइल बा कि जब हाथ मे आइल बखरा बटोरा नइखे पावत त गाछी के फल खातिर बेचैनी काहे. आ पाकिस्तान के एह पीड़ा से परेशान बाड़ें हिन्दुस्तान में रहे वाला पाकिस्तानी दलाल. हिन्दुस्तान के संतोष इहे बा कि अमन के धंधेबाजन के अबहीं ठकुआ मरले बा आ अब ऊहो आपन धंधा चलावत रहे ला कवनो नया तौर तरीका खोजे में लागल बाड़ें. आ हम लागल बानी कि कइसे भोजपुरिया अंदाज में बेलाग बतिया सकीं आ सआदत हसन मंटो के कहल बाति दोहरा सकीं कि “औरत के छाती के छाती ना कहीं त का कहीं?”

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up