तोहरा ले बढ़िया हिन्दू हम – बतंगड़ 64

by | Dec 7, 2017 | 0 comments

– ओ. पी. सिंह

देश कहवाँ सा कहवाँ आ गइल. चरखाना वाला गमछी आ जालीदार टोपी पहिरल अब आउट आफ फैशन हो गइल आ कुर्ता का उपर से जनेऊ पहिरे के जमाना आ गइल. एह हिन्दू जगरम के शुरुआत करे वालन में राहुल गाँधी के नाम सबले खास हो गइल बा आ कम से कम एह मामिला में हिन्दूवादियन के चाहीं कि उनुका के एकर मान देसु. अबहीं ले ई पता ना रहुवे कि राहुल गाँधी के मजहब, रिलीजन, भा पंथ का ह. केहू उनुका के खान मानत रहल त केहू ईसाई. बहुत कमे लोग उनुका के हिन्दू मानत रहुवे. बाकिर अब कांग्रेस का तरफ से बाकायदा बयान सामने आइल बा कि राहुल हिन्दुवे ना जनेऊ पहिरे वाला हिन्दू हउवें. ई अलगा बाति बा कि एह तरह के बयान देबे वाला ई ना बतवलसि कि उनुकर जनेऊ भइल कहिया. जवना आदमी के हवन में बइठे के लूर ना होखे, जेकर गिरोह सड़क चौराहा प गोकशी क के गोमांस के भोज देबे, जेकरा गोल के सरकार सुप्रीम कोर्ट मे हलफनामा दे के कहले होखे कि भगवान राम काल्पनिक हउवें आ उनुका होखला के कवनो सबूत नइखे ओह आदमी के जनेऊधारी ब्राह्मण हिन्दू बतवला प कतना लोग विश्वास करी से देखे के पड़ी.
बाकिर अतना त मानहीं के पड़ी कि शान से कहीं कि हम हिन्दू हईं के नारा देबे वाला लोगो एह शान से कबो ना कहल जवना शान से अब राहुल गाँधी के हिन्दू होखे के दावा कइल जा रहल बा. उनुका गोल के एगो बीफ कारोबारी त एहू ले आगा बढ़ी के दावा क दिहले बावे कि पीएम मोदीए हिन्दू ना हउवें. खुद राहुल गाँधी अपना के शिव भक्त होखे के दावा करत चलत बाड़न. शायद गुजरात चुनाव का झोंक में ऊ इहो भुला गइल बाड़न कि अगिला साल कर्नाटक के भोट होखे वाला बा. ओह घरी उनुकर शिवभक्ति उनुका खिलाफ जा सकेला. एह सभका बावजूद हम राहुल आ उनुका गोल के आभार मानत बानी कि हिन्दुस्तान में हिन्दू होखला के शान वाला बाति बना दिहलन. दीदिया एह पूरा वाकया प अबले आपन राय विचार जारी नइखे कइली. बाकिर आवत चुनाव के मद्देनजर राखत आ राहुल से सीखत अपना के ऊ नमाजी मुसलमान बतावे लागसु त केहू के अचरज ना होखे के चाहीं काहें कि उनुका मुस्लिम वोट बैंक के कवनो सानी नइखे आ एही वोट बैंक का इर्द गिर्द उनुकर सगरी राजनीति चलल करेले.
राहुल के शिवभक्ति खुलेआम चरचा में आवे का पाछे शिवेजी के तिसरका आँख के कृपा बावे. सोमनाथ मन्दिर घूमे गइल राहुल के नाम ओहिजा राखल गैर हिन्दू दरशनिया रजिस्टर में दर्ज भइला का बाद एह प बवाल खड़ा हो गइल. कुछ लोग के कहना बा कि एह सभ का पाछा भाजपा के चाल बा जे अपना एगो आदमी के राहुल के मीडिया मनेजरी दिअवा दिहलसि आ उहे मीडिया मनेजर सोमनाथ मन्दिर का रजिस्टर में राहुल के नाम गैर हिन्दू रजिस्टर में लिख दिहलसि. हालांकि ओकरा के गलत मानल गलत बाति बा. राहुल गाँधी के कई बेर रोमन कैथोलिक बतावत लेख मीडिया में छपत आइल बा आ कबहियों एकर खंडन देखे सुने के नइखे मिलल. स्वामी के दावा हमेशा से रहल बा कि राहुल का लगे एगो इटालियन पासपोर्ट बा जवना में उनुकर असली ईसाई नाम दर्ज बा. राहुल जब विदेश जालन त एहिजा से बाहर निकलला का बाद ओही पासपोर्ट के इस्तेमाल करेलन. इंगलैन्ड के बैंक में उनुकर खातो बा ईसाईए नाम से. अगर ई अछरंग सही में अछरंगे ह त अबहीं ले एकरा खिलाफ कवनो डेग काहे नइखन उठवले राहुल गाँधी ?
अब त कम से कम राहुल गाँधी के एगो फोटो जनेऊ पहिरले आवे के समय आ गइल बा. जनानी पेशाबघर में घुसत भा निकलत बेरा उनुका कान प लपेटल जनेऊ लपेटलो ना लउकल रहुवे. आ हम ऐहु ला फिकिरमंद बानी कि शाही इमाम बुखारी आ आर्कबिशपन से सहयोग समर्थन के निहोरा अब कइसे कर पाई कांग्रेस. हर राज्य गुजराते ना ह आ कम से कम आठ गो राज्य में हिन्दू अकलियत में बाड़ें. असली हिन्दू राहुल अब ओह राज्यन में हिन्दूवन के माइनोरिटी अधिकार दिआवे के माँग क देसु त सभे मान ली कि राहुल सचहूं हिन्दुवे हउवन. आ हो सकेला कि तब संघो उनुका समर्थन के एलान क देव.
(अतवार 3 दिसम्बर 2017 का दिने कोलकाता से छपे वाला अखबार समाज्ञा में अँजोर भइल.)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up