पाँच कौर भीतर तब देवता पितर – बतंगड़ 46

by | Jul 30, 2017 | 0 comments

– ओ. पी. सिंह

कहे के त नेता लोग देश समाज के सेवा में लागल रहेला बाकिर असलियत में ऊ लोग एह सेवा का नाम पर मेवा खाए में डूबल रहेला. देश के सीमा प चीन आपन नजर गड़वले बा बाकिर कांग्रेस के लोग ओकरा साथे साँठ गाँठत लउकत बा. राहुल अपना कुछ चमचन का साथे चीन के राजदूत से भेंट करे गइलन आ ओकरा बाद अमरनाथ यात्रियन प हमला हो गइल. सुने में त इहे आइल कि चीन पाकिस्तान के सह देत बा आ एकरे बारे में प्लानिंग समुझावे खातिर ई मुलाकात भइल रहल. के केकरा के आ का सुमुझावल ई त उहे लोग बता सकेला. कुछ दिन बाद मैंगो रिपब्लिक के प्राइवेट परसन के साथे लेके प्रियंको चीनी दूतावास में पँहुच गइली. पूछला प कहली कि चाइनीज खाए के मन रहल से एहिजा चलि अइली. कहे के मतलब कि देश के दुश्मन चीन एह लोग के खियावे पियावे में लागल बा. ओकरा बदले में ई लोग कुछ ना कुछ भितरघात कर करा के ओह खियवला के भुगतान करिए दी. आजादी का बाद से हिन्दी चीनी भाई भाई के नारा लगावे वाला नेहरु का का चीन के ना दे दिहलें. संयुक्त राष्ट्र में मिलत स्थायी सदस्यता ला चीन के अधिका लायक बता के ओकरा के स्थायी सदस्यता दिअवा दिहलन आ देश आजु ले एकर परिणाम भुगतत बा. कश्मीर समस्यो नेहरुए के देन ह. हमेशा अफवाह रहल बा कि नेहरु परिवार के देश के दुश्मनन से करोड़ो रुपिया मिलत आइल बा. सोशल मीडिया प त खुलेआम आरोप लगावल जाला कि नेहरु वाला गाँधी परिवार पिण्डी का इशारा प नाचेला आ ई लोग जब जब विदेश जाला त अपना मालिकन से भेंट मुलाकात क के जरुरी निर्देश लेत रहेला. माई के तबियत खराब हो गइला का बाद से एकर जिम्मा बबुआ उठा लिहले बाड़न.
पाँच कौर भीतर तब देवता पितर वाला मथैला लगावे के पीछे सुशासन बाबू के मजबूरिओ रेघरियावल बा. अपना इमेज का नाम प सुशासन बाबू हवा त अउसन बन्हलन कि लागल कि सरकार अब गइल कि तब बाकिर सरकार आजु ले सलामत बा आ लागत बा कि आगहूं सलामते रही. नीतीश आ चीन के हाल एकही जइसन हो गइल बा. पहिला बेर चीन के ब्लफ काम नइखे करत आ भारत के धमकावे डेरावे के ओकर हर कोशिश बेकार लउकत बा. ठीक ओही तरह जदयुओ के लागल कि राजद के हड़का लीहि बाकिर राजद हड़क में ना आइल. दुनिया जानत बा कि ना त चीन भारत प हमला कर सकेला ना नीतीश लालू प. काहे कि दूनू के दाना पानी सामने वाला प टिकल बा. सोझ हिसाब वाला बात रहीत त नीतीश भाजपा के समर्थन बाहर से ले के आपन सरकार बचा लेतें बाकिर भितरी बहुत कुछ अझूराइल बा. जदयू के अनेसा बा कि ओकर नाहियो त 20 गो विधायक पलटी मारे ला तइयार बइठल बाड़ें. काहे कि ओह विधायकन के लालू के सहारा चाहीं. ऊ जानत बाड़ें कि लालू के माई समीकरण का बिना ऊ जीत ना पइहें आ उनुको ला जरुरी बा पाँच कौर भीतर.
पाँच कौर भीतर वाला फार्मूला में बहिना, दीदीया आ अम्मा के जोड़ खोजल मुश्किल होखी. बसपा वाली बहिना के अलगे मजबूरी बा. उनुका मालूम बा कि अगिला साल जब उनुकर सांसदी के दिन पूरा हो जाई त ओकरा बाद दुबारा राज्यसभा में आइल बहुते मुश्किल हो जाई. मजबूरी के नाम महात्मा जी वाला अंदाज में दलित मुद्दा के नौटंकी करत इस्तीफा त दे दिहली बाकिर पूरा सावधानी रखली कि इस्तीफा सकरा जनि पावे. वाह वाहियो लूट लिहली कि दलितन ला ऊ कवनो सीमा लाँघ सकेली आ कुछ छोड़हूं के ना पड़ल. बिना मंगले लालू का तरफ से सहारा मिल गइल कि ऊ अपना बल प इनका के राज्यसभा भेजवा दीहें. राजनीति के ऊंट कब कवना करवट बइठ जाई एकर भरोसा ना रहला का बावजूद अबहीं ले त सब इहे लागत बा.
आ आखिर में देश के सेकूलर जमात का घाव प मरीचा लगावे के मोह ना छोड़त बता दीहल चाहत बानी कि देश के तीनो माथ पद प अब संघिए विराजमान हो जइहें आ देर सबेर राज्यसभा के बहुमतो मिलहीं वाला बा. तब का का हो सकी एकर अन्दाजा लगावत छटपटात रहे ई लोग.


(बतंगड़ के हर कड़ी कोलकाता से छपे वाला हिन्दी अखबार समज्ञा में अतवार का दिने अँजोर होखल करेला आ कुछ दिन बाद एहिजा डालल जाला.)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up