महामहिम, राउर बतिया हमरा से बरदाश्त नइखे होत : बतंगड़ – 29

by | Mar 5, 2017 | 0 comments

– ओ. पी. सिंह


महामहिम राष्ट्रपति जी, राउर बतिया हमरा से बरदाश्त नइखे होखत. अब रउए बता दीं कि हम कहाँ जाईं. कोच्चि मे 2 मार्च के दीहल राउर उद्बोधन हमरा सोझा बा. एहमें राउर कहना बा कि अपना देश में असहिष्णु लोग ला कवनो जगहा ना होखे के चाहीं. मीडिया में राउर भाषण जवना तरह से पेश कइल गइल ओहसे हमरा पहिले लागल कि मीडिया ओकरा के अपना हिसाब से पेश कइले बा. त हम राउर आधिकारिक भाषण पढ़नी आ साँच कहीं त राउर भाषणो हमरा पचल ना. एह हालत में रउरे बताईं कि हम कहाँ जाईं. रउरा कहले बानी कि हिन्दुस्तान पुरातन काल से बरदाश्ती रहल बा आ हर तरह के बाति, विचार, संस्कारन के जगहा देत आइल बा. आ ई परम्परा बरकरार रहे के चाहीं. बोले भा अभिव्यक्ति के आजादी सबले खास मौलिक अधिकार हवे हमहन के संविधान के. आगे कहले बानी कि भारत हमेशा से शिक्षा के क्षेत्र में विश्व नेता रहल बा. नालन्दा आ तक्षशिला विश्व विद्यालयन के नामो लिहले बानी रउआ.
रउरा संबोधन के एक हिस्सा से हमहु सहमत बानी काहे कि ई ऐतिहासिक सच्चाई ह. बाकिर अपना एही बरदाश्ती सुभाव का चलते भारत एह हालात में आ फँसल बा. शायद राउर मनसा इहे बा कि देश के सगरी विश्वविद्यालयनो के नियति नालन्दा आ तक्षशिले का तरह हो जाव. जरा के राख बना दीहल जाव. देश के जनता के गाढ़ कमाई प पलात पोसात जेएनयू के नमकहराम विद्यार्थी आ फैकल्टी देश के टुकड़ा टुकड़ा करे के बातु कहसु, नारा लगावसु आ हमहन ओकरा के हँसी खुशी बरदाश्त कइले जाईं. रउरा त धिरवलो बानी कि अगर अइसनका लोग के रोकल गइल त देश एक ना रहि पाई.
ना महामहिम, ना. बहुत बरदाश्त क चुकल बा हिन्दुस्तान आ अबहियों बहुत कुछ बरदाश्त कइले जात बा. बाकि समय आ गइल बा कि अब एह बरदाश्ती सुभाव के बदलल जाव. कई साल पहिले बनारस में सुनल एगो नारा तब नीक ना लागल रहुवे बाकि आजु सोचत बानी त एकदम सही लागत बा कि भारत में जदि रहे के बा त वन्दे मातरम कहे के होई. जे लोग वन्देमातरम ना कहि सके, भारत अम्मी के जय ना बोल सके ओह लोग के एहीजा रहे के हक ना बने.
आ रहल देश के एक बेर फेरु टुकड़ा होखे के बात त कोढ़िया डेरावे थूक से वाला डर अब काम नइखे करे वाला. अगर पिछलके बेरा के बँटवारा सही सही आ इमानदारी से करा लीहल गइल रहित त आजु ई दिन देखे के ना मिलीत. हालात त उहे हो गइल कि जवना डरे अलगा भइनी तवने मिलल बखरा. अगर ओही घरी राफ साफ करा लीहल रहीत त आजु देश बहुते बवालन से बच गइल रहीत. बाकिर नेहरु के सत्ता लिप्सा आ गाँधी कै बुद्धि का चलते देश के टुकड़ा टकड़ा करे के मनसा राखे वालन के बरदाश्त करे के उपदेश दीहल जात बा.
महामहिम, इहे बात जब हमनी का कहेनी जा कि जेकरा हिन्दुस्तान से प्यार नइखे ओकरा पाकिस्तान चलि जाए के चाहीं त केतना हल्ला मचि जाला. आजु इहे बात रउरा कहत में लाज ना लागल. रउरा काहे ना विचार विमर्श करत हमहन के समुझावत बानी कि देश द्रोहियन के बाति कवना तरह आ काहे बरदाश्त क लीहल जाव. रउरा त धिरावत बानी, धमकावत बानी, देश से निकल जाए के बात करत बानी.
अगर इतिहास पढ़े आ ओकरा से सीखे के धीरज होखो त देखब कि जबले कवनो इलाका में हिन्दुवन के बहुतायत रहेला तबले ओह इलाकन में अल्पसंख्यक अधिकारन के बात खूब होखेला. बाकि जसहीं कवनो इलाका में हिन्दू अल्पसंख्यक हो जालें सगरी अधिकार भुला दीहल जाला. एकर उदाहरण गिनावे लागब त रउरो अनकस होखे लागब महामहिम. माफ करब, आजु ई सब बाति हम ना, हमार कीबोर्ड लीख दिहलसि ह, ठीक ओही तरह जइसे गुलमोहर के बाप के जान पाकिस्तान ना लिहलसि, लड़ाई ले लिहले रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up