मुस्लिम-इण्डिया बनाम हिन्दू-पाकिस्तान : बतंगड़ – 95

by | Aug 4, 2018 | 0 comments

जस-जस दिन नियराइल जात बा तस-तस राजनीति के रंग अउरो सियाह होखल जात बा. एक बाति त सभके मानही के पड़ी कि आवे वाला लोकसभा चुनाव देशो खातिर आ एहिजा के बिखराइल हिन्दुवनो खातिर जिए-मरे के लड़ाई बने वाला बा. चार बाँस चउबीस गज अंगुल अष्ट प्रमाण, एते प सुलतान है मत चूको चौहान. बाकिर सुलतान के मारे खातिर अचूक निशाना होखल जरुरी बा. आँख पर पट्टी बन्हाइल बा. भरमावे के भरपूर कोशिश कइल जा रहल बा. केहू एक तरफ दलितन के उकसावत बा आ दोसरा तरफ उहे चाण्डाल चौकड़ी सवर्णन के भड़कावत बा. मकसद एके बा कि केहू तरह एह देश के हिन्दू समाज अपने में लड़-कट मरे आ देश में गजवा-ए-हिन्द के स्थापना क लीहल जाव. एह गिरोह के भरपूर कोशिश बा कि देश मुस्लिम इण्डिया बने त बनि जाव बाकिर हिन्दूवन का हाथ से सत्ता छीनल बहुते जरुरी बा.

अब लागत बा कि खुद अपना के इस्लामी संस्कार माने वाला होखे के बात कहे वाला नेहरु बहुते सोचि-समुझ के देश के सेकूलर बनवा दिहलन. लड़ के लिया है पाकिस्तान हँस के लेंगे हिन्दुस्तान के योजना पर काम करे खातिर मजहबी आधार पर देश के बँटवारा भइला का बावजूद भारत के हिन्दू देश ना बने दीहल गइल. सर्वे भवन्तु सुखिन सर्वे सन्तु निरामया, सबका साथ सबका विकास के बाति करे माने वाला समाज के ओकरे भलमनसहत ओकर काल बन गइल. आ ई बीमारी आजु ले बरकरार बा. देश के एगो बड़हन समाज के बहुते बड़हन हिस्सा कबो भाजपा के साथ ना दिहलसि, ना दिही बाकिर अपना के भल साबित करे का फेर में हिन्दू समाज अपने विनाश करे में लागल बा.

विदेश मंत्रालय एगो जोड़ा के गलत आधार पर पासपोर्ट बनवावल आसान करे ला तीन दिन ला पासपोर्ट के नियमे-कानून बदल दिहलसि आ काम निकलला का बाद फेरू पुरनका नियम लागू क दिहलसि. आ विदेश मंत्री अपना मंत्रालय के एह बेजा हरकत पर कवनो सफाई दिहला का जगहा अपने के शिकार बनवा के सहानुभूति बटोरे में लाग गइली. उनुका एकरो कवनो होश ना रहल कि उनुकर साथ देबे ला उतरल लोग कबो भाजपा के कवनो काम के सरहले नइखे. उनुका त बस आपन गोटी सेट करवावे के रहुवे कि अगर बिलाई का भागे सिकहर टूटे त अगिला पीएम बने में उनुको नाम पर विचार क लीहल जाव. भुला गइली कि क्लब-160 वाला लोग पिछलको चुनाव में इहे सपना देखले रहुवे. सुषमा त सुसुम ना रहि के खवल गइली बाकिर अउरिओ लोग मौजूद बा जे अपना के सिमसिमाह बना के रखले बा, का जाने, के जानत बा.

आ दोसरो तरफ अइसनका लोग के कमी नइखे जे अपना के कबो जनेऊधारी हिन्दू बतावे ला, त कबो मुस्लिम जमात में जा के अपने ना अपना पूरा गोले के मुसलमानन के गोल साबित करे ला किरिया खाए लागेला.

ऊ त शशि थरुर का मुँह में घी शक्कर पड़े जे अपना के असली हिन्दू साबित करत एह मुस्लिम गोल होखे के दावा करे वालन के जड़ में मट्ठा डाले के काम क दिहलन. अब रउरा एकरा के अमित शाह के रणनीतिक चतुराई मानीं भा मत मानीं, हम त इहे कहब कि भाजपा आपन कई गो ट्रॉजन घोड़ा दुश्मन का शिविर में पँहुचा दिहले बिया. ना त हर बेर एन मौका पर कांग्रेसी खेमा से कवनो ना कवनो अइसन बयान कइसे आ जाला जवन भाजपा खातिर रामवाण बनि जाला. आ अबकी बेर शशि थरुर अइसन बयान दे मरले बाड़न जवना के गूंज बहुते दिन ले सुनाई देबे वाला बा. भा इहो हो सकेला कि अपना मेहरारु के खुदकुशी करे ला उकसावे का मामिला में जमानत पर चलत शशि थरुर मोदी सरकार के खुश करे ला अइसन काम क दिहलें कि सरकार ओह मौत के मामिला के ओही तरह अचार डाल देव जइसे वाड्रा के जमीन घोटाला भुला गइल बिया, भा जइसे ओह लुंगी परिवार के बचावे खातिर सरकारी अधिकारी खुल के ओकरा के फायदा चहुँपावे में लागल बाड़ें.
आ हम त इहे कहब कि ऊ लोग आपन खेल खेले हमनी का आपन खेल जारी राखल जाव. जबले मोदी हमनी से कइल सगरी वादा पूरा नइखन कर देत तबले उनुका के झोरा उठा के हिमालय ओर जाए से रोक के राखल जाव. अब एहला दस बरीस लागो भा पचीस बरीस, जवन वादा कइले बाड़ऽ तवना के पूरा द तबे जान छोड़ब जा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up