आपन बाति
फीडबैक में रउरा एसएमएस, भउजी हो, भोला बाबू, लड़िकपन के गीत वगैरह खातिर सामग्री भेज सकीलें. नाम दे देमऽ तऽ आउरी बढ़िया. राउर इमेलो मिल जाव त फेर का पूछे के बा !
कुछ फीडबैक अइसन होखेला कि ओकर जवाब चाहियो के ना दिया सके. रउरा से निहोरा बा कि यदि जवाब चाहीं तऽ साफ साफ पूरा बात लिखीं जेहसे कि रउरा शिकायत भा सुझाव पर अमल कइल जा सको. गरियवला भा अण्टसण्ट लिखला से ना तऽ राउर परपज पूरा होखि ना हमार.
- सम्पादक
नमस्कार. राउर चिट्ठी मिलल....
Can you send me daily latest news on my email-id? Asks Deepak Kumar Sinha.
Editor replies: Sorry Deepak ji. it will create more work load for me. However, I will try to see whether it is feasible or not. Keep checking your email!
चुटपुटिआ में एगो गलती हो गइल रहे.
आठ गुणे तीन बराबर एगारह. कइसे? गलती से!
का बदला लिखा गइल रहे -
आठ धन तीन बराबर एगारह. कइसे? गलती से!
कई दिन बाद एगो सुधि पाटक ओह गलती का तरफ धेयान दिअवले बाड़न.
8+3=11 galti se na sahi me hola apan galit auri chhutcula duno ke sudhar lihi.
namaskar
गलती सुधरला खातिर धन्यवाद. सम्पादक
हम पहिलका हालि ई साइट में अइनी हा. लेकिन एकर विषयवस्तु आ आलेख देख के बहुत अच्छा लागल. साथ ही हम कमलजी के जवन कविता सब बाड़ी स ऊ बड़ा विशिष्ट लागल. राउर ई प्रयास भोजपुरी के विश्वपटल पर बरकरार राखे के दिशा में बहुत सुन्दर कदम बा.
सधन्यवाद.
धवल.
धवल जी, कतना बढ़िया रहित यदि आप आपन इमेल दिहले रहतीं त रउरा से नियमित सम्पर्क हो सकीत. खैर, राउर मर्जी. रउरा फीडबैक से उत्साह बढ़ल. धन्यवाद त हम देत बानी आत्मा से.
- सम्पादक, अँजोरिया.
एगो आउरी पाठक के फीडबेक मिलल बा...
निहोरा से फीड बैक ना मिली! बड़ा झकास साइट बनवले बानीं. लागल रहीं. आबाद रहीं.
ए भाई अतना नीमन बाति कहनी त आपन नामवा काहे ना दिहनी? केकरा के दीं? - अँजोरिया
चिट्ठी मिलल
Hi,
This is brilliant man..!!
I belong to Varanasi (though my mother tongue is Marathi, but grown up in Bhojpuri environment).
I wish a very good luck for you..!
Regards,
Amitabh
Ps:Is there any way if I want to send some informations to you to be published here. I was searching about languages in wikipedia
editor adds..
Why not?
Your contribution is most welcome.
Thanks for your feedback.
मारीशस टापू से दुनिया भर के भोजपुरी बोले वालन के नमस्ते बोलत हईं. भोजपुरी में अंजोरिया पत्रिका अउर समाचार पत्र में टटका खबर पढ़ि के दिल खुश हो जाला.
हमार बाप के परदादा, ठाकुर महतो, अपन बेटा रामशरण महतो के संगे १५० बरिस पहिले नया भोजपुर से गिरमिटहा मजदूर indentured labourer बनि के मारीशस आइल रहलन. ऊ लोगन के त सुख ना मिलल, मगर ऊ लोग केपरनाती लोग आजु स्वर्ग जइसन मारीशस देश में सुख से जियत हवन.
बिहार के कठिन परिश्रम अउर बचत की संस्कृति के कारण आजु मारीशस में बिहार मूल के लोग समाज के हर क्षेत्र में आगे हवन. हम लोगन के गर्व हे कि हमलोग बिहार हईं.
श्रद्धानन्द रामशरण
मारीशस
Namaste ji
bhojpuri website bahut hi accha laga hai. yeh website chalta rahe.
Harindra Kumar.

