डाक्टर साहब,
नमस्कार !
राउर प्रयास आ लगन देखि के बहुत खुशी होला कि भोजपुरी में कवनो स्तम्भ बा जवन बलिया जिला में रहके भी दुनिया में छाइल बा.
देवर भउजी के संवाद बहुत अच्छा लागेला. अँजोरिया के फार्मेट भी काफी crisp कड़कड़ लागत बा. हमरा समुझि से समझ से खबर के एक लाईन सुर्खियाँ होमपेज पर होखे के चाहीं.(samachar.com जइसन ). आ क्लिक कइला पर टटका खबर में विजीटर के ले जाये के चाहीं.
भोजपुरी वर्ड बैंक के आइडिया बहुत नीमन बा. एकरा में बहुत पोटेन्शियल बा आ पूरा शब्द कोष बन सकेला. अँजोरिया पर भोजपुरी भाषा से संबंधी सामग्री बा, लेकिन विजीटर के बार बार आवे खातिर कुछ आउरियो डाले के पड़ी. We need more content on the website.
You can add a poll to get more feedback from your visitors. Adding something about bhojpuri songs and films with more pictures can make Anjoria wonderful. I am sure other members here can give you more suggestions and feedback.
Please keep up the good work and let us know if you need any help.
Thanks,
Sailesh
Texas, USA
सम्पादक के जवाब.
29th July 2007
प्रिय शैलेश भाई,
नमस्कार !
राउर सुझाव पाके बहुत खुशी भईल. रउरा सब बात नीक कहले बानी. बाकिर रउरो मानेम कि ई काम केहू अकेला आदमीके वश के नइखे. सामूहिक प्रयास करे के पड़ी.
अँजोरिया शुरु कइनी तऽ सबले पहिलका समस्या खाड़ भइल फान्ट के. ओकर समाधान तऽ निकल गईल बाकिर दोसरका समस्या के कवनो समाधान सोझा नईखे लउकत.
भोजपुरी के लिखनिहार इण्टरनेट पर ना आवसु आ जे आवता ऊ लिखत नईखे. कतना हालि हम निहोरा कर चुकनी कि रउरा लोग आपन रचना भेजीं सभे. एकाध रचना मिलली सँ आ प्रकाशितो भईली सँ. बाकिर रोज रोज खातिर रचना के जोगाड़ मुश्किल बा.
अन्त में हम अपने से जतना हो सकत बा करत बानी. पैसा टाइम सब लगवला का बादो हम अपना के साहित्यकार ना मानीं. तबहियों कुछ ना कछ लिखे के शौक पूरा करत रहेनी.
विजीटर लोग के रोज बोलावे खातिर भउजी से बतियावल शुरू कईनी. अब भोला भाई का बहाने कुछ हँसी मजाक गुदगुदीओ करे के प्लान बा. देखी भोला भाई के लोग कतना पसन्द करत बा !
भोजपुरी फिल्मन का लोग से हमरा संपर्क नइखे. ऊ लोग कुछ सामग्री दिहीत तऽ हमरो खुशी होखित आ ओहू लोग के अपना प्रशंसकन तक चहुँपे खातिर एगो आउरी माध्यम मिल जाइत. बलिया में बईठ के मुम्बई के कलाकारन तक कइसे चहुँपी. फोटो वगैरह के भी जोगाड़ जाइज तरीका से करे के पड़ी.
बाकी लोग तऽ पीएचपी का माध्यम से पोल वगैरह के सुविधा जुटा लिहले बा. हमरा एसटीएमएल का अलावा कुछ आवे ना. पाकिट में अतना पइसो नइखे कि दोसरा के राख सकीं.
तबो एगो जिद्द जइसन हो गइल बा. धीरे धीरे राउर हर सलाह पूरा करे के कोशिश करेम हम.
कुछ पइसा जुटावे खातिर आ संगहीं संगे अँजोरिया खातिर लिंक जुटावे खातिर हम वेबहोस्टिंग के कम करे के चाहत बानीं. सहायता आ दान लिहल हमरा प्रकृति से मेल ना खाव. बिजनेस कर सकीलें. हास्टिंग के मुनाफा से अँजोरियो चलि जाई आ रउरो सभेके कुछ काम हो जाई.
५० एमबी के वेबस्पेस आ १०० एमबी के मेलस्पेस मिला के हम कुल्हम १५०० रुपिया में देबे के आफर देले बानीं. डिजाइनिंग के काम अलगा से. भरसक लोग अपने कर लेव तऽ सबले बढ़िया.
अगर केहू के खाली अपना पसन्द का डाटकाम पर मेल आईडी चाहीं तऽ ऊ मेलप्रो हम छह सौ रुपिया में दे देम.
एह सब काम से कुछ मुनाफा हो जाई तऽ आउरियो काम हो सकेला.
अपना जान पहिचान वाला लोग से कुछ सिफारिश कर सकीं तऽ हमरा आउरी खुशी होखी.
ई काम लोग अँजोरिया के घुमा फिरा के सहायता देबे के नाम पर भी करो तऽ हमरा उजूर नइखे.
राउर सहयोग आ नेहछोह हमेशा हमरा संगे बनल रही ऐह आशा का साथ,
राउर
ओपीसिंह