भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट अँजोरिया अब पाती क थाती से उजियार

Bhojpuri Speaking Districts of India - 2

सीवान

बिहार का पछिमी छोर पर बसल सीवान जिला पहिले छपरे जिला, सारण के लोग बाग छपरा के नाम से अधिका जाने ला, के सबडिवीजन रहुवे. सनं १९७२ में सारण जिला के पुनर्गठन से सीवान आ गोपालगंज जिला के सृष्टी भइल. सीवान जिला का पूरब में सारण, उत्तर में गोपालगंज आ दक्खिन में बलिया आ पश्चिम में देवरिया जिला बा. बलिया आ देवरिया यूपी में बा.

सीवान के नाम शिवमान राजा के नाम के बिगड़ल रूप हऽ. शिवमान राजा के वंशज बाबर का महाराजगंज चहुँपला तकले एह क्षेत्र पर राज कइलन. महाभारत काल के गुरू द्रोणाचार्य एही जिला के दरौली ब्लाक के दोन गाँव के रहले. १३वीं शताब्दी में एह क्षेत्र में मुसलमान अइलें आ १५वीं शताब्दी में सिकन्दर लोदी एह क्षेत्र पर काबिज हो गइल. १७वीं शताब्दी में डच आ ओकरा तुरते बाद अंगरेज अइलें आ बक्सर का लड़ाई का बाद ई क्षेत्र बंगाल के हिस्सा बना दिहल गइल.

आजादी का लड़ाई में डा॰ राजेन्द्र प्रसाद आ मौलाना मजहरूल हक के कर्म भूमि रहे के सौभाग्य एह जिला के मिलल. पर्दा प्रथा के विरोध में आन्दोलन चलावे वाला ब्रजकिशोर प्रसाद एहीजे के रहलन. आजादी का जंग का दौरान एक हालि नेहरू जी महाराजगंज में सभा कइले रहन.

साहित्य के एगो मजबूत नाम राहुल सांस्कृत्यायन एहीजे के रहलन.

सीवान के मशहूर धार्मिक स्थल में थावे के दुर्गा मन्दिर, गभीरार के पुरनका पीपर जवना का तरे तुलसी दास के ज्ञान मिलल, मेंहदार के महेन्दरनाथ मन्दिर, जलालपुर के लकड़ी दरगाह के नाम लिहल जा सकेला.


जानकार पाठक लोग से निहोरा बा कि जहाँ कवनो गलती रह गइल होखे, भा कमी रह गइल होखे, कुछ छूट गइल होखे त ओकरा के सुधारे खातिर आपन बात जरुर लिख भेजेम.