भउजी हो

भउजी हो ! सूनलू ह?

का बबुआ?

बलिया के संसदीय सीट खातिर परचा भराए लागल. ओहमें से बसपा के विनयशंकर तिवारी का लगे करोड़न के सम्पत्ति बा.

अइसहीं हाथी पर बइठे ला लोग का? विनयजी का लगे हाथी पर चढ़े के औकात बा, चढ़ गइलन.

बाकिर भउजी, उनका पर हत्या के कोशिश करे के मुकदमो चलत बा. मायावतीजी कहले बाड़ी कि ऊ अपराध के जड़ से उखाड़ फेंकिहन.

हाथी के खाए के दाँत अलग होला, देखावे के दाँत अलग. दोसरे अबले ऊनका के मुजरिम करार नइखे दिहल गइल. आरोप त केहुओ पर लाग सकेला!

भाजपा के वीरेन्द्र सिंह मस्त फेर से नामांकन काहे कईलन हा?.

सोचले होइहन कि पहिलका नामांकन भीड़ का पचड़ा का चलते रद्द हो जाई त दूसरका कामे आई!.

भउजी हो

भउजी हो ! सूनलू ह?

का बबुआ?

मनमोहन सिंह कहलन हऽ कि गुजरात में मोदी के विरोध करे वाला लोग भगवान भरोसे हो जाला.

का मतलब? ऊ केकरा भरोसे बाड़न? तनि सोनिया के विरोध करिके देख लेसु! फेर भगवानो उनुका के ना बचा पईहन. मोदी के विरोधियन के बचावे खातिर त ढेरे लोग बा, मनमोहन सिंह, तीस्ता सीतलवाड, अफजाल, सोहराबुद्दीन के संगी साथी वगैरा.

भउजी अतना ना खिसियाए के! जमाना खराब हो चलल बा. अब बाभन के बाभन कहला पर बवाल हो सकेला.

त ओकरा डरे का करीं. बाभन के बाभन ना त का कहल जाई?

ई त तू जानऽ. अतना दिन से एही चलते तहरा लगे ना अइनी हऽ कि कवनो बवाल मत हो जाव. हँसीओ मजाक कइल गुनाह बन जाई.

त बईठ जाईं हमार चूड़ी पहिर के आ मुंह पर कपड़ा बान्हि लीं.

भउजी हो

भउजी हो ! सूनलू ह?

का बबुआ?

दक्खिन के एगो हीरोइन खूशबू कहले बाड़ी के लड़कियन के सेक्स एजुकेशन दिहल जरुरी बा.

ओकर बाति हमरा से मत करीं. ओकरा लगे ना त तहजीब बा ना.लिहाज. पूजा में दुर्गाजी के मुर्ति का सामने चप्पल करिके बइठल रहुवे.

बाकिर भउजी अइसनके बाति खातिर लोग तसलीमा का खिलाफ फतवा निकलले बा त ओकर विरोध काहे होत बा?

तसलीमा कवनो मजहब ना मानसु त मत मानसु बाकिर जे मानेला ओकरा मजहब का खिलाफ मत बोलसु. अतना त हमहूँ कहेम. बाकिर ओह खातिर तसलीमा के जान का पाछा पड़ल ठीक नइखे. हमहूं खुशबू के जान का पाछा नइखीं पड़ल. अइसनका लोग के अनदेख कइल सबले निमन होला.

काहे भउजी?

तसलीमा का खिलाफ अतना लोग ना पड़ल रहित त उनकर उपन्यास लज्जा के अतना प्रचार ना होखित. अब त जे नाहियो पढ़ले रहुवे उहो पढ़े के मउका खोजी.