भउजी हो

भउजी हो ! सुनलू ह?

का बबुआ?

सउदी अरब के ओह महिला के का दोष रहे जे बलात्कार के शिकार होखला का बाद ओकरा सजायो भुगते के पड़ल?

सीता जी के का गलती रहे जे उनका बनवास भुगते के पड़ल?

तू त नहला पर दहला मार दिहलू भउजी. देखिहऽ कही हिन्दुत्व ब्रिगेड मत टूट पड़े हमनी पर.

जवन होखि तवन देखल जाई. बाकिर सांच काहे छुपावल जाव? तरबूजा छूरी पर गिरो भा छूरी तरबूजा पर कटे के त तरबूजे के बा!

बाकिर एह बतकुच्चन में असल बतिया त जस के तस रहि गइल.

त पूरा सुन लीं. लड़की जात के हमेशा सम्हल के रहे के चाहीं. पहिलका गलती कइलस कि दोसरा का संगे फोटू खिंचलववलस. फेर ऊ फोटो वापस लेबे खातिर शेर के मांद में गइल. फेर ओकरा बाद कोर्ट कचहरी मीडिया का फेर में पड़ गइल. अपना मजहब का बारे मं जानत रहित त अइसनका गलती ना करित. ओकरा मजहब में मेहरारू के बात से अधिका वजन मरद के बात के दिआला. चाय पियला का बाद कप धोवल जाला मुँह ना!

भउजी हो

भउजी हो ! सूनलू ह?

का बबुआ?

मनमोहन सिंह कहलन हा कि मोदी का डर से डराइल भाजपा आडवाणी के नेता बना लिहलसि.

त उनका पेट में दरद काहे होखत बा?

इ त ऊ जानसु भा तू, हमरा मालूमे रहित त तहरे से पूछतीं?

उनका के केकरा डरे प्रधान बनावल गइल, अतना त उनका मालूमे होखी. सीट गरमवले राखसु. अगिला हालि कांग्रेस जीती त उनका बइठे के ना मिली. हारी त फेर हरिनाम भजहीं के बा!

भउजी हो

भउजी हो ! सूनलू ह?

का बबुआ?

कांग्रेस के लोग कहत बा कि सोनिया जी के नरेन्द्र मोदी से तुलना ना कइल जा सके.

ठीके त कहत बा लोग. एगो विधवा दोसर कुँआर. एगो विदेशी मूल के दोसर हिन्दुस्तानी. एगो औरत दोसर मरद. एगो अफजल के फाँसी देबे के फैसला से भागत सरकार के नेता, दोसर आतंकियन के पछाड़ेवाला सरकार के मुखिया. एगो लिखल भाषण पढ़ेवाला दोसर आपन भाषण देबे वाला. कइसे तुलना कइल जा सकेला दुनू के एके साथ?

बाप रे बाप, तहरा के टोकलो अब खतरनाक होखे लागल बा. एकसुरिये धर लेत बाड़ू.

हँ बबुआ, बात कहीले खर्रा, गोली लागे चाहे छर्रा!