भउजी हो
भउजी हो ! सुनलू ह?
का बबुआ?
भारत सरकार के एगो मंत्री कहले बाड़न कि तसलीमा गलती कइले बाड़ी. उनुका चाहीं कि हाथ जोड़ के मुसलमान समुदाय से माफी माँग लेसु आ द्विखण्डितो में लिखल गलत बातन के निकाल फेंकसु.
कहवां रहुवन जब भारत सरकार कोर्ट में हलफनामा दाखिल क के कहलसि कि राम सांच ना हउवन, ऊ कवि के कल्पना हउवन? करुणानिधि भगवान राम के पियक्कड़ कहलन तवना घरी मुँह काहे ना खोललन कि हिन्दू समुदाय से हाथ जोड़ के माफी माँग लऽ?
काहे कहतन भउजी? हिन्दू लोग में बरदाश्त करे के अपार क्षमता बा. ऊ लोग सैकड़न बरिसन से लात जूता खात राजा आ सरकार के जय जयकार करत चलल आवत बा. अबहियों करिए रहल बा.
त सोझे काहे ना कह दिहलन तसलीमा से कि ऊ हिन्दूवन के गरियावे के शुरु करि देस. फेर उनका के सरकार महाभारत रत्न से सम्मानित कर दी. सेकूलरिज्म के नया मसीहा बनि जइति.
ई त ऊ जानसु भा उनकर मुखियाइन जानसु! हमरा से काहे पूछले बाड़ू?
बतिया के शुरु कइल हऽ? हम कि रउरा?
अतना अतना दिन प त आवत बानी. का करीं, तहरा से पूछलो जरुरी रहेला.
त छोड़ीं ई बतकुच्चन. जेकरा जवन करे के बा तवन करो. हमनी का चलि के चाय पियल जाय.
चलऽ भउजी.
भउजी हो
भउजी हो ! सूनलू ह?
का बबुआ जी?
भारत आस्ट्रेलिया का साथे पहिलका टेस्ट हार गइल.
त एहमें खबर कहवाँ बा?
भाजपा हिमाचल में जीत गइल.
एहूमें खबर कहवाँ बा?
बलिया के चुनाव शान्ति से हो गइल.
कइसे ऐ बबुआ जी? अतना बड़हन बड़हन बलशाली लोग चुनाव लड़त रहल हा. सब कुछ शान्तिए से कइसे हो गइल?
अगिला साल फेर लड़े के मउका मिली इहे सोच के!
भउजी हो
भउजी हो ! सूनलू ह?
ना पहिले ई बताईं कि अतना दिन ले कहवाँ रहनी हँ?
अपने सब कइलू, गरदन में ढोलक बन्हलू, आ अब पूछत बाड़ू कि कहवाँ रहनी हँ?
तबो बिआह का बाद भउजी के एकदमे भुलाइए जाएम का?
ना भुलाए के बाति कहाँ बा. ईहां त अब नून तेल लकड़ी के फिकिर मरले बा. बूझात बा जिनिगी अइसहीं कट जाई. सबेरे से रात ले धउते रह जात बानी. मेहरारू के गारी अलगे सुनत बानीं. पइसा आवे के पहलहीं जाए के जोगाड़ बना के राखत बा.
खैर चलीं, ई सब त लागले रही. तबो रोज ना त कबो कबो त आ जाइल करीं भेंट करे, हालचाल लेबे देबे.
ठीक बा भउजी कोशिश करेम, वादा ना करेम.
अतनो ठीक बा. अब चलीं कुछ चाय नाश्ता करलीं, ना त रउरा तुरते उदबेगो धर लेला!
चलऽ भउजी.
