भउजी हो

Devar Bhabhi chattings.

कइसे कइसे आजु भउजी इयाद पड़ गइली?

अइसन कहि के दिल मत दुखावऽ भउजी! तहरा के हम कहियो भुला सकीलां?

भुला ना सकीलां आ भुला गइल बानीं. आजु कतना दिन बाद लउकल बानीं.

खैर शिकवा शिकायत छोड़ऽ, चलऽ तनी गरमा गरम चाय का संगे पकौड़ी छान दऽ!

बुझात बा कि बसन्त पंचमी बीत गइल आ फगुआ कपारे आ गइल बा!

हँ भउजी, अब कई गो दिने रहि गइल बा? बाइसे के नू हऽ!

तब अबकी के फगुआ खेले ससुरारी जाए के बा, भउजी त फेर छूंछे रहि जइहन!

ना भउजी, जाए का पहिले तहरा संगे होरी खेल के जाएम!

त एही बात पर मनोज भावुक के कवनो दोहा सुना दीहिं.

गड़ी,छुहाड़ा,गोझिया भा रसगुल्ला तीन।
के तोहसे बा रसभरल, के तोहसे नमकीन॥

फागुन के उत्पात : भइल गुलाबी गाल

भउजी हो

Devar Bhabhi chattings.

भउजी हो ! सुनलू ह?

का बबुआ?

मुम्बई में बिहार यूपी से आवे वाला रेलगाड़ी के रोके के एलान राज ठाकरे कइले बाड़न.

ई त गलत बाति कहले बाड़न. मुम्बई केहू के बाप के जागीर ना हऽ. बाकिर एगो बाति पूछीं?

पूछऽ ना भउजी!

रउरा लोग अतना छनकल काहे बानीं? अरे ऊनुका कहला से का होखेला? केन्द्र सरकार कहि दिहलसि कि राम काल्पनिक चरित्र हउवन, करुणानिधिआ कहलसि कि राम पिक्कड़ रहलें, काश्मीर में दोसर नियम कायदा चलेला. ओह सब बतिया पर रउरा लोग तनिको ना तिलमिलानीं, राज से कवनो पुरान दुश्मनी हऽ का?

काश्मीर कश्मिरियन खातिर कहेवाला पर त रउरा लोग का मुँह से बकारो ना निकलेला, महाराष्ट्र मराठीयन खातिर कहला पर काहे? अगर ई गलत बा त ऊहो गलत बा. उठाईं लोग संविधान के धारा ३७० हटावे के माँग!

तूँ त भउजी हँसुआ के बिआह में खुरपी के गीत नाध दिहलू!

नाँ! ई लालू, रामविलास, मुलायम सभे के राज ठाकरे के बतिया खराब लागल बा. काहे कि एहमें हिन्दू के हिन्दूवे से लड़ाई हो रहल बा. कवनो के वोट बैंक नइखे छितरात. बा केहू मरद त हर नाजायज के नाजायज कह के देखावे!

बतिया त तूँ ठीके कहत बाड़ू भउजी. हमहूँ सोचत बानीं कि राज ठाकरे के बाति पर अतना बवाल कइला के कवनो जरुरते ना रहल हा. ऊ कहलन, लोग चुपाइल रहि जाइत. त बतिया अपने मौत मर गइल रहित. अब त लहोक उठे लागल बा.

एहीसे नू कहीलें कि सेयान होखीं. कउवा कान लेके भागल सुनते कउवा का पाछा मत दउड़े लागीं. पहिले आपन कानवा त देख लीं.

भउजी हो

भउजी हो ! सुनलू ह?

का बबुआ?

भोजपुरी के सुपर स्टार रविकिशन से हमार फोन पर बात भईल हऽ.

त एहमें उचले वाला कवन बाति बा?

कहुवन कि कुछ फोटो वगैरह भेज रहल बानी, आपन मोबाइल के नम्बरो लिखवा दिहलन.

रउरा लेखा कतना लोगन के ऊ आपन नम्बर देत रहत होइहें. फोटो वोटो कुछ आई ओई ना.

ना भउजी, ऊ अपना पीआरओ के भी नम्बर लिखववलन आ कहलन कि ओह लोग से ऊ कह दिहन कि जल्दी से भेज देव लोग.

रऊरा कहिया सयान होखब देवर जी! अरे नेता आ अभिनेता में कवनो ढेर फरक ना होला. दुनू अपना बाति से लोग के भरमा के राखेलन. रउरा देख लेम. रविकिशन के फोन करेम त ऊ उठइहें ना. पीआरओ के तबियत खराब हो जाई, फेर होखी कि बड़ा काम में अझूराइल बानीं, मउका मिलते भेज दिहल जाई. अन्त में हार थाक के रउरे महटिया देम.

जाए दऽ. ना भेजीहन त कवन हमार भोजन पानी रुक जाई.

चलीं अतना सन्तोष बा त ठीक बा.