पिछला कई बरिसन से अँजोरिया के प्रकाशन सम्हारत बहुते ऊँच खाल देखे के मिलल. सबले दिक्कत होत रहल बीच बीच में आवे वाला बाधा से. तरह तरह के उपाय अजमवनी आ हर बेर कवनो ना कवनो समस्या सामने आवत रहल. अबही हाल ही में सर्वर मेंटेनेन्स का चलते एक दिनपूरा पढ़ीं…

Advertisements

अँजोरिया के ई रूप जानबूझ के कइल गइल बा कि पहिला पन्ना जल्दी खुल जाव आ ओकरा बाद जब रउरा कवनो सामग्री के विस्तार पढ़े के चाहीं तबहिये विज्ञापन वगैरह सामग्री सामने आवे. ई सुधार कइसन लागल कमेंट लिखल मत भूलाईं. जानल चाहत बानी कि रउरा सभ के का रायपूरा पढ़ीं…

बाकिर काल्हु रात से फेर अँजोरिया वेबसाइट बंद हो गइल रहुवे. एह हॉस्ट से तंग आ गइल बानी बाकिर “उपर चढ़ि के देखा त घर घर एके लेखा”. हर वेबहास्ट का लगे कुछ ना कुछ समस्या बा. अबही हमरा हॉस्ट के कहना बा कि केहू अँजोरिया के खराब कइल भापूरा पढ़ीं…

अँजोरिया एक जगहा नीचे खसकल कुछ दिन पहिले कहले रहीं कि हम नं॰ वन का दौड़ में शामिल नइखीं काहे कि हमरा खातिर ऊ असंभव बा. जबे कुछ विजिट बढ़ेला तबे हमार वेब हॉस्ट मेहरबानी कर देलें आ दू तीन दिन खातिर सब कुछ गड़बड़ हो जाला. जइसे कवनो गाड़ीपूरा पढ़ीं…

आजु आठ साल पूरा हो गइल भोजपुरी के सेवा में लागल अँजोरिया के. एह सफर में भोजपुरी प्रेमियन के जवन नेह छोह एकरा मिलल ओह चलते आजु ई दुनिया भर के भोजपुरियन के सबले प्रिय साइट हो गइल बिया. मानत बानी कि अँजोरिया पर आवे वाला लोग के गिनिती कापूरा पढ़ीं…

रउरा से में से बहुत लोग पिछला दू दिन से हैरान रहल होखी कि अँजोरिया फेर पूरा तरह वापिस आ पाई कि ना. संयोग आ दू दिन के परेशानी का बाद निनानबे फीसदी अँजोरिया फेर से काम करे लागल बा. थोड़ बहुत परेशानी बा उहो ठीक हो जाई. एह संकटपूरा पढ़ीं…

कुछ लोग अपना असफलता से बरबाद हो जाला आ कबो कबो कुछ लोग अपना सफलता से बरबाद हो जाला. सफलता के पचावे के, ओकरा के सम्हार के राखे के, आ अपना सफलता के जोगवले राखत आगा के सफर जारी रखल जरुरी होला. कई बेर सफलता कुछ अलगे तरह के समस्यापूरा पढ़ीं…

अँजोरिया पर रोज कई घंटा लगाइले तब जा के एकरा के अद्यतन राखल जा सकेला. बाकिर कबो कबो लागेला कि अनेरे अतना मेहनत करत बानी. कुछ लोग के छोड़ बाकी लोग कुछ टिप्पणी ना देव. जवन टिप्पणी आवेला तवना में से शायदे कवनो एह लायक रहेला जवना से अँजोरिया केपूरा पढ़ीं…

अँजोरिया के पूरा परिवार बिटोर लिहला का बाद जवना उत्साह से रउरा सभे अंजोरिया पर जुटत बानी ओकरा से रोजे कवनो ना कवनो समस्या खड़ा हो जा रहल बा. हमनी के होस्ट के कहनाम बा कि रोजे सर्वर बइठ जात बा आ मजबूरन हमरा अँजोरिया के दोसरा बढ़िया आ तेजपूरा पढ़ीं…

बाकिर आजु दुपहरिया में अँजोरिया आ एकर सगरी सबडोमेन के सस्पेंड कर दिहल गइल रहे. ई अँजोरिया पर भइल हमला का चलते हो सकेला भा कवनो दोसर तकनीकी गड़बड़ी. एह चलते कुछ दिन खातिर अँजोरिया पर नया लोग रजिस्टर ना कर पाई. पुरनको यूजर के छँटनी हो रहल बा. जवनेपूरा पढ़ीं…

नया साल के छुट्टी के हम कुछ बढ़िया इस्तेमाल कर लिहनी आ अँजोरिया के बिखरल परिवार के एक जुट कर दिहनी. गाँव समाज में संयुक्त परिवार के हमेशा से बढ़िया मानल गइल बा. एकल परिवार आजादी जरुर देला बाकिर सुरक्षा देबे में कमजोर पड़ जाले.संयु्क्त परिवार में कमजोरो सँवाग केपूरा पढ़ीं…