Shaadi.com Matrimonials

HOME | टटका खबर | बसिया खबर, बुध, १ जुलाई २००९

बियफे, २ जुलाई २००९

पेट्रोल डीजल रसोई गैस के दाम बढ़ल

विश्वबाजार में तेल के बढ़त दामन से मजबूर हो के भारत सरकार बुध का रात से पेट्रोल चार रुपया प्रति लीटर, डीजल दू रुपिया प्रति लीटर, आ रसोई गैस प्रति किलो करीब डेढ़ रुपिया महँग कर दिहलसि. बजट आवे से पहिलहीं बजट के प्रभावित करे वाला फैसला ले लिहल गइल. जय हो!

सब छँवड़ी झूमर पारे त लँगड़ी कहे हमहूं

भाजपा में नेता पद के दावेदारन के कमी नइखे. कई बेर त बुझाला कि समर्थक जनता से बेसी नेते हो गइल बाड़न पार्टी में. अब बिहारी बाबू सांसद शत्रुघ्न सिन्हा कहले बाड़े कि पार्टी में नेता लायक नेतन के कमी नइखे आ उहो ओहिमें से एगो बाड़न. जरुरत पड़े त उनको नाम पर विचार हो सकेला.

बिहार विधान सभा में अपने पक्ष से परेशान सरकार

काल्हु बिहार विधानसभा में सत्ता पक्ष के कुष विधायक अइसन सवाल उठा दिहलें कि सरकार के बोलती बन्द हो गइल. विपक्ष तुरते एह सवालन का साथ खड़ा हो गइल आ जांच के मांग करे लागल. बिहार में नलकूपन के हालत पर जवाब देत मंत्री के भाजपा विधायक प्रमोद कुमार ई कहत टोक दिहलन कि मंत्री महोदय सदन के बरगला रहल बाड़न. पूरा प्रदेश में सरकारी नलकूपन के हालत खराब बा आ किसन तबाह हो रहल बाड़े.

मो॰ शहाबुद्दीन पर एगो आउरी मामिला

सीवान से राजद के पूर्व सांसद मो॰ शहाबुद्दीन के नाम एगो आउरी केस से जोड़ दिहल गइल बा. २६ जून २००९ के सीवान के सांसद ओमप्रकाश यादव का बहनोई के छोट भाई पर कातिलाना हमला करे में शहाबुद्दीनो के नाम आइल बा. पुलिस उनका के रिमाण्ड पर लेके मामिला में उनकर संलिप्तता के जांच करी.

यूपी में नया नया बनावल दलित स्मारकन के प्रचार कइल जाई

यूपी सरकार तय कइले बिया कि नया बनल दलित स्मारकन के यूपी का पर्यटन स्थल के रूप में प्रचारित कइल जाई ताकि पूरा देश के दलित ओह स्मारकन के तीर्थ यात्रा करे यूपी आवस. स्मारकन के देखे खातिर टिकट लगावल जाई आ ओह आमदनी से अम्बेदकर गाँवन के विकास कइल जाई.

वरूण गाँधी का खिलाफ चुनाव याचिका

वरुण गाँधी से हार गइल कांग्रेसी उम्मीदवार अब कोर्ट में याचिका दाखिल कइले बाड़न कि बरुण के चुनाव रद्द कर के फेर से चुनाव करावल जाव. काहे कि वरूण साप्रदायिक विद्वेष बढ़ावे वाला काम कइले बाड़न.

युपी के साम्प्रदायिक माहौल खराब ना करे दीहि सरकार

मुख्यमंत्री मायावती के अनेसा बा कि लिब्रहान आयोग के रिपोर्ट का बहाने कांग्रेस, भाजपा, आ सपा प्रदेश के साम्प्रदायिक माहौल बिगाड़ेके कोशिश करीहन जवना के सफल ना होखे दिहल जाई. प्रदेश के पूरा पुलिस विभाग के सचेत कर दिहल गइल बा.

चारा घोटाला में १६ जने के जेल

लालू प्रसाद का राज का दौरान बिहार में भइल चारा काण्ड के एगो मुकदमा में कोर्ट काल्हु १६ गो अभियुक्तन के चार से सात साल के सजा सुना दिहलसि. एहमें से १३ गो पशुपालन पदाधिकारी, डु गो ट्रेजरी आफिसर, आ एगो लेखपाल बाड़न जा.

तृणमूल कांग्रेस गठबन्हन विजयी

अतवार का दिने भइल पशथचिम बंगाल के सोलह गो नगरपालिकन का चुनाव में तेरह गो में तृणमूल कांग्रेस गठबन्हन विजयी भइल बा आ वामपंथियन के तीनो गो नगरपालिका में जीत मिल सकल बा.

दोहा कतर में नौका दुर्घटना मे सोरह हिन्दुस्तानियन के मौत

कतर में तेल कुँआ के रखरखाव खातिर कर्मचारियन के ले जा रहल एगो नाव दोहा का किनार पर करीब दू नाटिकल मील भोतरी पलटि गइल जवना से करीब तीस जने के मौत हो गइल. मरे वालन में १६ गो हिन्दुस्तानी रहलें.

मई में निर्यात में तीस फीसदी के कमी

मई में निर्यात में आइल २९.२ फीसदी कमी का खबरन का बीच काल्हु शेयर बाजार में १५२ अंक के बढ़ोतरी देखे के मिलल. एकरा पिछला दिने बाजार साढ़े तीन सौ अंक गिरल रहुवे.

updated at 04-30 AM, 2 July 2009.