Daily News in Bhojpuri
देश-विदेश | बिहार | उत्तर प्रदेश
सुप्रीम कोर्ट में रामसेतु पर चल रहल बहस में काल्हु सुब्रहमण्यम स्वामी आपन बहस पेश कइलन. कहलन कि सरकारी दस्तावेजो में रामसेतु के मानव निर्मित होखे के सम्भावना बतावल गइल बा. इहो कहलन कि कतना दुर्भाग्य के बाति बा कि दिल्ली में एगो मकबरा बचावे खातिर मेट्रो रेल के रास्ता बदल दिहल गइल बाकिर करोड़न हिन्दूवन के आस्था का खिलाफ चोट चहुँपावे के कोशिश हो रहल बा. तमिलनाडू में जल्ली कट्टू के भी उदाहरण पेश कइलन. स्वामी इहो कहलन कि जेकर पूजा कइल जाव ओकरा लगे गइल जरुरी ना होला. हिन्दू सुरुजो के पूजा करेले बाकिर सूरज पर जाले ना!
कर्नाटक में चुनाव लड़ रहल सभे दल इहे कहत बा कि ऊ कवनो दल से गठबन्हन ना करी. भाजपा, कांग्रेस, जदसेकुलर, बसपा, वगैरह सभकर कोशिश बा कि ओ अधिका से अधिका सीट जीत सको जेहसे कि बाद में जरुरत पड़ला प मोल भाव हो सको.
पश्चिम बंगाल में पंचायत चुनाव जीत खातिर वामदल हर तिकड़म से लेके नंगई आ दंगई सब कुछ अजमा रहल बाड़े.
प्रधानमंत्री के अबहिंयो उमेद बा कि अमेरिका का संगे परमाणु समझौता हो जाई. अतना दिन ले वाम दलन का साथ रहियो के बुद्धि ना खुलल त का कहल जाव!
काल्हु भारत अग्नि ३२ मिसाइल के सफल परीक्षण कउवे. उड़ीसा के व्हीलर द्वीप से लम्बी दूरी तक मार करे वाला एह मिसाइल के दागल गइल जवन अपना निशाना पर सहीमार करिके देखा दिहलसि.
मारीशस के प्रधान मंत्री जैन औल्द जैदीन काल्हु बिना कवनो कारण बतवले अपना पद से इस्तीफा दे दिहलन. अब मारीशस के प्रधानमंत्री का रुप में याह्या अहमद अल वगेफ काम करीहन.
बुधो का दिने शेयर बाजार में गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स ३३ अंक नीचे गिर के बन्द भइल.
दमित्री मधुवेदी काल्हु रुस के नया राष्ट्रपति बन गइलन. सोवियत संघ का विघटन का बाद रुस के ऊ तीसरका राष्ट्रपति हउवन. मेदवेदेव, जेकर मतलब मधुवेदी भा मधु के जानकार होला, पुतिन के चुनल हउवन.
म्यानमार के सहायता चहुँपावे खातिर भारत हरसमथभव उपाय कर रहल बा. अब ले दू गो समुद्री जहाज आ दू गो हवाई जहाज राहत सामान ले के चहुँॡ चुकल बा. आज भोरे वायसेना के सबले बड़ मालवाहक हवाई जहाज गजराज उड़ान भरे वाला बा.
स्टील कम्पनी स्टील के दाम घटावे के तइयार हो गइल बाड़ी स.
भोजपुरी में टटका खबर तब ले पूरा ना हो सकी जब ले रउरा छपरा आ बलिया के खबर ना पढ़ लीं.


