Daily News in Bhojpuri
देश-विदेश | बिहार | उत्तर प्रदेश
हम आह भी भरते हैं तो हो जाते हैं बदनाम. वो कत्ल भी करते हैं तो चर्चा नहीं होती! आ अगर कहीं होईयो गइल त सुबूत ना मिली. सुबूत ना मिली त कोर्ट करिये का सकेला. बाइज्जत बरी करिये दीहि. हाल फिलहाल के कतान केस गिनवावल जाव! अब करुणानिधि के सुपुतर अझागिरिओ के खिलाफ पर्याप्त सुबूत ना रहला का चलते सेशन कोर्ट उनका के कत्ल का आरोप से बरी कर दिहलसि.
कुछ वइसनके दादा टाइप नेता लोगो का खिलाफ होला. राज ठाकरे खुलेआम देश द्रोही भाषण आ आचरण करि रहल बाड़े बाकिर पुलिस संयम बरतले बिया. आखिर केहू ना केहूके त संयम बरतहीं के पड़ी! पुलिस के नोटिस लेबे से राज ठाकरे नकार दिहलन त पुलिस उनका दरवाजा पर नोटिस चिपका के चलि आइल.
कांग्रेस नेतृत्व वाली केन्द्र सरकार के सबले बड़ समर्थक माकपा के नेता बुद्धदेव के कहनाम बा कि मनमोहन का राज में कांग्रेस अब तकले सब चुनाव हरले बा, आगहूं हारी. तहरा जइसन लोगन का संगति में रहेके कुछ त परिणाम भुगतहीं के पड़ी!
एम्स के संशोधन कानून सुप्रीम कोर्ट से रद्द भइला का बादो डा॰अम्बुमणि रामदास के कवनो शरम हया के जरुरत नइखे बुझात. कहत बाड़न कि कानून केन्द्र सरकार बनवलसि आ संसद पास कइलसि उहे लोग सोची कि आगा का कइल जाव!
रक्षा मंत्री सलाह दिहले बाड़न कि सेना के अफसरान का साथे एगो सहायक के नियुक्ति के परम्परा बदलल जाव. सेना के अफसरान के कवनो सुविधा त ना बढ़इहन बाकिर मिललो सुविधा छीने खातिर तइयार बाड़न.
रामसेतु पर चल रहल बहस अब २२ जुलाई तक टाल दिहल गइल बा. काल्हु के सुनवाई का बाद सुप्रीम कोर्ट केन्द्र सरकार के मद्रास हाईकोर्ट के आदेश पर अमल करे के निर्देश दिहलसि. कोर्ट सरकार से एकर सर्वेक्षण करवाये के कहले रहुवे.
बियफे का दिने शेयर बाजार टूट के खुलुवे आ टूटले रह गउवे. अन्त में २५८ अंक के गिरावट का साथ बन्द भइल.
कर्नाटक के पहिलका चरण के चुनाव प्रचार काल्हु खतम हो गइल. भाजपा के पूरा भरोसा बा कि अब पहिलका हालि दक्खिन के कवनो राज्य में ओकर सितारा चमकी. कांग्रेस एकरा के हसीन सपना मानत बिया.
रुस के राष्ट्रपति रहल पुतिन अब प्रधान मंत्री बन गइलन. रुसी संसद में ५६ का मुकाबिला ३९२ वोट लेके पुतिन आपन बहुमत देखा दिहलन. ओकरा बाद राष्ट्रपति मेद्वेदेव उनका के प्रधानमंत्री नियुक्त कर दिहलन.
सुल्तान अजलान शाह हाकी टुर्नामेण्ट के पहिलका मैच में भारत न्यूजीलैणथड से हार गइल. अब अतवार के दिने ओकर मुकाबला अर्जेन्टीना से होखे वाला बा.
भोजपुरी में टटका खबर तब ले पूरा ना हो सकी जब ले रउरा छपरा आ बलिया के खबर ना पढ़ लीं.


