Daily News in Bhojpuri

HOME | टटका खबर | शनिचर, १० मई २००८

देश-विदेश | बिहार | उत्तर प्रदेश

updated at 00-30 AM, 10 May

१९९२‍-९३ के मुम्बई दंगा का दौरान का एगो मामिला में आरोपी बनावल शिव सेना विधायक गजानन्द कीर्तिकर समेत छह गो शिव सैनिकन के विषेष अदालत से मुक्ति मिल गइल.

कांग्रेस आजुकाल्ह अर्जुन का तीरन से घवाहिल हो के रह गइल बिया. पार्टी का तरफ से आधिकारिक रुप में अर्जुन के बयान के गलत कह दिहल गइल बा. काल्हु अर्जुन सिंह फेर कहलन कि कांग्रेस में विचार के आजादी नइखे रह गइल. इहो कहलन कि उनकर अतना विरोध त इन्दिरा गाँधी ओ का जमाना में ना भइल रहुवे.

एम्स के अध्यक्ष वेणु गोपाल के हटवे खातिर कइल गइल संशोधन के नंगई, नेकेड डिस्क्रिमिनेशन, बतावत सुप्रीम कोर्ट उनका के फेर से बहाल करे के निर्देश दिहले बा.

पाकिस्तान सरकार सरबजीत सिंह के माफी देबे पर विचार कर रहल बिया. अइसने संकेत पाकिस्तानी प्रधानमंत्री का बात से मिलत बा.

आजु कर्नाटक में चुनाव के पहिलका चरण में ८९ गो विधानसभा क्षेत्र में वोट डालल जाई. कांग्रेस आ भाजपा का बीच का टक्कर में भाजपा मजबूत बुझात बिया. बाकिर मतदाता के थाह लगावल अब आसान नइखे रहि गइल. हर बेर के सर्वेक्षण के परिणाम चुनाव परिणाम से फरका रहि जात बा.

राकांपा नेता शरद पवार कांग्रेस के खुल के आलोचना कइले बाड़न आ कहले बाड़न कि कांग्रेस के गठबन्हन धर्म निभावे क चाहीं. लक्षण संप्रग खातिर खराब लउकत बा. जे बा उहे कांग्रेस के आलोचना कर रहल बा. चाहे ऊ वामदली हो, राकांपाई हो़ भा लालू वगैरह के पार्टी के होखे.

शायद एही संकेत का चलते आजुकाल्ह फेर से शेयरन में गिरावट शुरु हो गइल बा. बियफहूं के सबेरे मजबूती देखावत बाजार के हवा एक घण्टा का भीतरे निकलि गइल आ साँझ ले भहरात सेंसेक्स ३४३ अंक नीचे गिर के बन्द भइल.

गिल के हाकी महासंघ से हटा दिहला का बावजूद हाकी में भारत के हार के सिलसिला थमे के नाम नइखे लेत. अजलान शाह हाकी टूर्नामेण्ट में भारत अर्जेन्टिनो से हार गइल. अब तक के दुनू मैच भारत हार चुकल बा. का हो असलम भाई, का करत बाड़?

वित्त मंत्री फेर कहले बाड़न कि सरकार महंगाई रोके के पूरा कोशिश कर रहल बिया. अरे भाई तनी आपन कोशिश के तरीका बदलऽ लोग ना त जस जस कोशिश करत बाड़ लोग तस तस महँगाई बढ़ले जात बा.

ब्रिटिश एयरवेज का इकानामी क्लास में सूअर आ गोमांस परोसल रोक दिहल गइल बा. बिजनेस क्लास वाला लोग सब कुछ खा सकेला, बस फायदा होखे के चाहीं.

भोजपुरी में टटका खबर तब ले पूरा ना हो सकी जब ले रउरा छपरा बलिया के खबर ना पढ़ लीं.