Daily News in Bhojpuri

HOME | टटका खबर | अतवार, ११ मई २००८

देश-विदेश | बिहार | उत्तर प्रदेश

updated at 01-30 AM, 11 May

महाराष्ट्र के गृह मंत्री आरआर पाटिल का मोताबिक राज ठाकरे का खिलाफ कवनो मामिला नइखे बनत. पिछला तीन तारीख के मुंबई में दिहल राज ठाकरे का भाषण का खिलाफ उठ रहल आवाजन का खिलाफ ऊ ई बाति कहलन.

भोजपुरिहा राजनीतिज्ञ लालू प्रसाद अब मैनेजमेण्ट के विद्यार्थियन के बतइहन कि रेलवे के पुनरोद्धार ऊ कइसे कइलन. घाटा में चलत रेलवे के दुधारु गाय बना देबे के महारत का बाद सगरो लालू प्रसाद के प्रशंसा हो रहल बा.

प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कहले बाड़े कि महिला आरक्षण विधेयक पर आम सहमति होखला का बादे सरकार आगे बढ़ी. मतलब ना नौ मन तेल होई ना राधा जी नचिहें!

कर्नाटक विधान सभा के पहिला चरण के चुनाव में काल्हु साठ फीसदी से अधिका मतदान होखे के खबर बा. कतहीं कवनो झंझट ना भइल आ शान्ति से वोट पड़ल.

देश के अल्पसंख्यक बहुल जिलन मेंसंप्रग सरकार ३७० गो कालेज खोले का योजना पर काम कर रहल बा. ई बाति जामिया हमदर्द युनिवर्सिटी का दीक्षान्त समारोह में बोलत सोनिया गाँधी कहली.

भारत सरकार अमेरिका के बता दिहले बा कि देश में हो रहल विरोध का चलते ऊ परमाणु समझौता पर आगा नइखे बढ़ सकत.

एह साल गेहूँ के सरकारी खरीद के रिकार्ड बनल बा. हर जगहा सरकार गेंहू के भरपूर खरीद कर लिहले बिया. एह खबर से जनता के राहत महसूस करे के चाहीं.

आजु पश्चिम बंगाल का पांच गो जिला में पंचायत चुनाव के पहिला चरण के मतदान होखी. पंचायत चुनाव जीतल वामपंथी गठबन्हन खातिर इज्जत के सवाल बा आ ऊ ओकरा खातिर हर कर्म कुकर्म करे के तइयार बाड़े.

पंजाब के पंचायती चुनाव सोमार का दिने शुरु होखे वाला बा.

पहिलका स्वतंत्रता संग्राम के डेढ़ सौ साल पूरा भइला पर हो रहल कार्यक्रम के अन्त काल्हु समारोह पूर्वक कर दिहल गइल.

भोजपुरी में टटका खबर तब ले पूरा ना हो सकी जब ले रउरा छपरा बलिया के खबर ना पढ़ लीं.