टटका खबर : 12 सितंबर 2014

by | Sep 11, 2014 | 0 comments

टटको में टटका खबर भोजपुरिका डाॅट काॅम पर प्रकाशित होखल करी आ दिन भर के खबर बिटोर के बाद में एहिजा सिलसिलेवार डालल जाई.


टटका भारत


करोडों रूपिया के सारधा चिट फंड घोटाला में आरोपी आ पश्चिम बंगाल के पुलिस महानिदेशक रहल तृणमूल कांग्रेस नेता रजत मजुमदार के 16 सितंबर तक ले सीबीआई के हिरासत में भेज दिहल गइल बा.

अमेरिकी अंतरिक्ष एजेंसी आ भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन का बीच मंगल ग्रह अभियान खातिर समझौता हो सकेला.

भारत के नियंत्रक आ महालेखा परीक्षक रहल विनोद राय आजु एगो टीवी साक्षात्कार में दावा कइलन कि प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह के 2 जी स्पेक्ट्रम आ कोयला ब्लाक आवंटन घोटाला के जानकारी रहुवे आ आगाह कइला का बावजूद उ एकरा के रोके खातिर कुछ ना कइलन.

पीएम बनला का बाद नरेन्द्र मोदी पहिला बेर गुजरात जाए वाला बाड़न आ हर साल का तरह एहु साल अपना माई से आशीर्वाद लेबे जइहें.

दिल्ली में भाजपा सरकार बनावे वाला बयान के कांग्रेेस शीला दीक्षित के निजी राय बतवले बिया आ कुछ कांग्रेसी अतना नाराज बाड़ें कि शीला के पार्टी से निकाले के मांग करत बाड़ें.

सारधा चिट फंड घोटाला में आजु दुसरको दिने तृणमूल कांग्रेस के सांसद सृंजय बोस से सीबीआई पूछताछ कइलसि.

देश के सगरी विश्वविद्यालयन में विवेकानंद पीठ के स्थापना करे के बात आजु केन्द्रीय शिक्षा मंत्री स्मृति ईरानी कहले बाड़ी.

दिल्ली से आगरा का बीच हाईस्पीड ट्रेन के आजु दुबारा परीक्षण कइल गइल आ गाड़ी 103 मिनट में दिल्ली से आगरा चहुँपल. योजना 90 मिनट में चहुँपावे के बा. एहसे रेल ट्रैक में जरूरी सुधार करे के काम चलत बा.

देश के नौ गो राज्यन में तीन गो लोकसभा आ 33 गो विधानसभा सीटन ला 13 सितंबर के होखे वाला उप चुनाव खातिर प्रचार बियफे का साँझ से बन्द हो गइल.

भारतीय नौसेना के ओकर पांचवां पी..8आई टोही विमान मिल गइल बा जवना के तमिलनाडु के अराक्कोणम स्थित नौसेना के रजाली हवाई अड्डा पर तैनात कइल गइल बा. ई विमान समुद्र में लमहर दूरी ले उड़ान भर सकेला.

पश्चिम बंगाल में तृणमूल कांग्रेस के महिला शाखा सीबीआई दफतर का बाहर बेमियादी प्रदर्शन करे के एलान कइलसि. सारधा चिट फंड घोटाला के जाँच गँवे गँवे ममता बनर्जी का तरफ बढ़त लउकत बा.

दिल्ली के मुख्यमंत्री रहल आ केरल के राज्यपाल रहल कांग्रेसी नेता शीला दीक्षित के कहना बा कि अगर दिल्ली में भाजपा सरकार बना सके त बना लेव. ई बढ़िया बात होखी.

पिछला दू हप्ता से रेल अधिकारी गोरखपुर मुजफ्फरपुर पैसेंजर ट्रेन के खोजे में लागल बाड़े बाकिर ट्रेन मिलत नइखे. बतावल जात बा कि पिछला बेर ओकरा के 25 अगस्त का रात हाजीपुर टीसन पर देखल गइल रहे ओकरा बाद से ओकर पता ठिकाना नइखे मिलत.


टटका यूपी


गोरखपुर में स्पेशल टास्क फोर्स के टीम दू गो अपराधियन के असलहा समेत गिरफ्तार कइले बिया.

इलाहाबाद उच्च न्यायालय बार एसोसिएशन अपना हिन्दी दिवस समारोह में हिंदी के क्षेत्र में योगदान देबे वाला आ हिंदी विधि पत्रकारिता से जुडल अधिवक्ता लोगन के बियफे का दिने सम्मानित कइलसि.

आरक्षित श्रेणी के अभ्यर्थियन के अउर फायदा चहुँपावे का मकसद से उत्तर प्रदेश सरकार आदेश दिहले बिया कि भरती खातिर जारी होखे वाला विज्ञापनन में सामान्य श्रेणी का बदले अनारक्षित लिखल जाव. एहसे अब आरक्षण कोटा वाला उम्मीदवारन में से तेज उम्मीदवारन के अलगा बहाली मिल जाई आ कोटा के फायदो बरकरार रह जाई.

गोरखपुर के गोरखनाथ मन्दिर में ब्रह्मलीन महन्त दिग्विजयनाथ के 45वीं पुण्यतिथि का मौका पर बोलावल योग एवं अध्यात्म सम्मेलन में मशहूर योग साधक ब्रह्मचारी दासलाल कहनी कि हमनी के मन शक्तियन के पुंज ह. योग साधना के भारत भूमि के अमर धरोहर बतावत कहनी कि एकरा बिना देवतो लोग परमपद ना पा सके.

बलिया के रसडा इलाका में बुध का रात एगो मामूली विवाद झगड़ा में एगो नवही के पीट पीट के मुआ दिहल गइल.

लखनऊ में सुरक्षा आ यातायात व्यवस्था चाकचौबंद करे खातिर 70 गो चौराहा पर सीसीटीवी कैमरा लगावल जाई. ई काम आजु बियफे से शुरू हो गइल बा.

लखनऊ के हसनगंज क्षेत्र में प्रतियोगी परीक्षा के तइयारी करे वाला एगो नवही कवनो कारण से आजु फांसी लगा के मर गइल.

वाराणसी कैण्ट इलाका में बुध का रात एगो पांच हजार रुपिया के इनामी बदमाश के गिरफतार कर लिहलसि.

सारनाथ पुलिस दू गो रंगदारन के गिरफ्तार क लिहलसि जे लोग एगो किराना व्यापारी से पाँच लाख रुपिया के रंगदारी मांगत रहले.

भड़काऊ भाषण का मामिला में चुनाव आयोग योगी आदित्यनाथ के चेतवले बिया कि एह तरह के भाषण मत करसु.

वाराणसी के चेतगंज इलाका में बुध का रात एगो आदमी दुकान के शटर से फांसी लगाके जान दे दिहले बावे.

लखनऊ के मशहूर संगीत संस्थान भातखंडे के कुलपति प्रो॰ श्रुति सडोलीकर काटकर के कार्यकाल छह महीना खातिर बढ़ा दिहल गइल बा. एह खातिर कुलाधिपति आ यूपी के राज्यपाल रामनाईक मंजूरी दे दिहलन.

बलिया के एगो अदालत ने अपहरण आ कुकर्म के एगो मामिला में मुख्य अभियुक्त के 20 साल के जेल आ 20 हजार रूपिया जुर्माना के सजा सुनवलसि. पांच गो दोसर आरोपी सुबूत ना मिलला का चलते बरी.

उत्तर प्रदेश सरकार राज्य के 44 गो जिला के सूखाग्रस्त घोषित करे का कवायद में जुटल.

मऊ के घोसी कोतवाली इलाका में एगो चार साल के मासूम के कुदारी से काट के मुआ दिहल गइल बा. ओकर लाश नाला में फेंकल मिलल बा.

जौनपुर जिला के सिकरारा इलाका के ताहिरपुर गांव में एगो महिला वकील के लाश फांसी पर लटकत मिलल.

भदोही के औराई इलाका में ठनका गिरला से एगो लड़िका के मौत आ दू जने झँउसले.

खबर आइल बा कि मुजफ्फरनगर कोर्ट अमित शाह के खिलाफ दायर चार्जशीट के ओकरा में मिलल कुछ गलती का चलते लवटा दिहले बावे.

यूपी के राजधानी लखनऊ आ अगल बगल के इलाका में सबेरे झमाझम बरखा होखे के खबर बा. बतावल गइल बा कि आजु दिन भर रुक रुक के बरखा बूनी पड़त रही.


टटका बिहार


सुशील मोदी के कहना बा कि नीतीश कुमार दवे घोटाला के दोषी नइखन, गोदाम आ नर्सिंग होस्टलो बनवावे में घोटाला भइल बा.

सारण जिला के छपरा शहर इलाका में समाहरणलय का नियरा आजु बियफे का दिने एगो आदमी से डेढ़ लाख रूपिया लूट लिहल गइल.

सिवान जिला के एगो अदालत बलात्कार के दोषी मिलल एगो नवही के 14 साल के जेल के सजा सुनवलसि आ साथही 50 हजार रुपिया के जुर्मानो लगवलसि.

बिहार में पूर्वी चंपारण जिला के रक्सौल शहर का पनटोका से एनआईए पाकिस्तानी एजेंट आ जाली नोट के कारोबारी शारदा शंकर कुशवाहा के गिरफ्तार कइलसि.

जबरिया एगो हिन्दू दलित औरत के धरम बदलावे के कोशिश करे का आरोप में बिहार के सीतामढ़ी जिला के पुपरी थाना इलाका में चार लोग के गिरफ्तार कइल गइल.

पटना गाँधी मैदान में नरेन्द्र मोदी का सभा में भइल धमाका के जाँच करत एनआईए चार्जशीट दायर कइले बिया जवना में कहल गइल बा कि एह धमाका में नरेन्द्र मोदी के हत्या करे खातिर फिदायिन हमला के योजना बनल रहे. एह बारे में ‘फिदायिन’ हमलावर सरकारी गवाह बन गइल बा.

बिहार के राजधानी पटना आ अगल बगल का इलाका में बदरी घेरले बा जवना से मौसम बढ़िया लागत बा.


टटका बिजनेस


जनधन खाता अभियान में खुलल तीन करोड से अधिका खाता से बैंकन में 1500 करोड जमा आ गइल.

बियफे का दिने लगातार तिसरका दिने शेयर बाजार गिरल आ 27 हजार से नीचे आ के बंद भइल.

सोना चाँदी के दाम में आजु बियफहु के गिरावट देखे के मिलल.


टटका खेल


आल इंडिया नार्थ जॉन इंटर स्टेट बैडमिंटन चैम्पियनशिप 23 सितंबर से जालंधर के हंस राज स्टेडियम में आयोजित होखे जा रहल बा.

विश्व कबड्डी लीग के मुकाबला 19 सितंबर से जालंधर के बर्लटन पार्क में करावल जाई.


टटका विदेश


दुनू गोड़ से विकलांग ब्लेड रनर पिस्टोरियस के हत्या के आरोप से मुक्त क दिहले बिया जूरी, बाकिर उनुका के लापरवाही से होखे वाला हत्या के दोषी मानल जा सकेला आ 15 साल के जेल के सजा मिल सकेला.

अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा इस्लामिक स्टेट का खिलाफ सीरिया में ओकनी के ठिकाना पर हमला करे आ इराक में हमला बढ़ावे के आदेश दिहलन.

जेम्स बांड सीरीज के मशहूर खलनायक रिचर्ड कील के बुध का दिने 74 साल का उमिर में निधन हो गइल. लोहा के दाँत वाला खलनायक के किरदार उहे करत रहलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up